From Wikipedia, the free encyclopedia
संस्कृत साहित्य संस्कृत भाषा में रचल साहित्य हऽ। ईसा पूर्व 2सरी सहस्राब्दी के बाद के समस्त रचना जे एह भाषा में रचल गइल संस्कृत साहित्य के हिस्सा हवे आ पुराना समय में ई रचना सभ सैकड़न सालन ले जबानी इयाद कइल आ सिखावल जाय आ एही तरे मौखिक परंपरा में सहेजल गइल रहे जबतक ले कि ई लिखल ना गइल। एह रचना सभ में प्राचीन भारत में रचल धार्मिक साहित्य प्रमुख बा जेह में हिंदू, बौद्ध आ जैन धर्म के साहित्य सामिल बा। धार्मिक साहित्य के अलावा भरपूर मात्रा में दर्शन, गणित आ अउरी बिज्ञान वगैरह के रचना भी संस्कृत भाषा में रचल गइल जे एह साहित्य के हिस्सा बा।
प्राचीन भारत (मने कि आज के समय के दक्खिन एशिया चाहे भारतीय उपमहादीप) के सीमा के भीतरे भर ना बलुक एह भाषा में पूरबी एशिया, दक्खिन-पूरबी एशिया आ मध्य एशियाई इलाका में भी रचना भइल आ एह तरीका से संस्कृत साहित्य के रचना के भूगोलीय आ इतिहासी दुनों किसिम के बिस्तार ब्यापक रहल बा। हालाँकि, संस्कृत भषा में रचल पुराना समय के सगरी बिसय के रचना आ ग्रंथ सभ के एह साहित्य के अंतर्गत रखल जाला, बाद के समय में एह श्रेणी में शुद्ध रूप से साहित्यिक रचना सभके रखल जाला आ संस्कृत भाषा के सीमित प्रचलन के बावजूद, एह भाषा में अभिन ले साहित्य के रचना हो रहल बा आ ई सगरी संस्कृत साहित्य के हिस्सा हवे।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.