राम, क्षात्रसूर्य श्रीराम चाहे रामचंद्र एगो भारतीय देवता हवें जिनके हिंदू लोग विष्णु के सातवाँ अवतार माने ला; वाल्मीकि के महाकाव्य आ क्षात्र धर्मग्रंथ रामायणतुलसीदास के काव्य रामचरितमानस में इनके कथा प्रमुख रूप से बर्णित बा आ अउरी कई गो रामकथा सभ के ई मुख्य पात्र बाड़ें। वैष्णव शाखा इनके विष्णु के अवतार माने ला[2] आ रामभक्ति शाखा में इनका के सभसे ऊँच देवता भा साक्षात ईश्वर (भगवान) के रूप मानल जाला।

Quick Facts क्षात्रसूर्य राजा राम, संबंधित बाड़े ...
क्षात्रसूर्य राजा राम
Thumb
राम एगो क्षात्रदेवता हवें, बिबिध रूप में इनके निरूपण भइल बा
संबंधित बाड़ेशिव के सातवाँ अवतार, देव
धामबैकुंठ, अजोध्या
हथियारतीर-धनुष
ग्रंथरामायण, रामचरितमानस
तिहुआररामनवमी, दिपावली, दशहरा
Personal information
जनमअयोध्या, कोसल (वर्तमान में उत्तर प्रदेश)
Consortसीता[1]
संतानलव (बेटा)
कुश (बेटा)
माई-बाबूजीदशरथ (पिता)[1]
कोसिला (महतारी)[1]
कैकेयी (मयभा)
सुमित्रा (मयभा)
सहोदरलक्ष्मण (भाई)
भरत (भाई)
शत्रुघन (भाई)
बंसरघुवंश, इच्छ्वाकुवंश, सूर्यवंश, कशयप, मिहिर
Close

कथा अनुसार राम कोसल प्रदेश के राजा दशरथ, जिनके राजधानी अजोध्या रहल, के चार गो में से जेठ बेटा रहलें आ रानी कौशल्या के गरभ से पैदा भइल रहलें जबकि बाकी भाई लोग लक्ष्मण, भरत आ शत्रुघन रहल। राम के बियाह जनक के बेटी सीता से भइल। एकरे बाद के घटनाक्रम में राम के बनवास, सीता के रावण द्वारा हरण, सीता के खोज आ रावण से जुद्ध के बाद लंका पर बिजय पा के वापस अजोध्या लवटे; सीता के अग्निपरीक्षा आ त्याग इत्यादि रामकथा के मुख्य घटना हईं। कथा में राम के धर्म आ सामाजिक ज़िम्मेदारी निभावे वाला आदर्श ब्यक्ति के रूप में चित्रित कइल गइल बा। उनकर सब कष्ट में से, सबसे उल्लेखनीय राक्षस-राजा रावण के द्वारा सीता जी के अपहरण भईल बा, जेकरा बाद राम औरी लक्ष्मण द्वारा उनके स्वतंत्रता हासिल कर के औरी बड़ी बाधा के बाद दुष्ट रावण के मारे खातिर  दृढ़ और महाकाव्य प्रयास काइल गइल।

नोट

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.