![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/af/NZs-longest-place-name.jpg/640px-NZs-longest-place-name.jpg&w=640&q=50)
शब्द
अरथबिज्ञान चाहे प्राग्मैटिक सामग्री वाला अकेल कहल जाए वाला सभसे छोट भाषाबैज्ञानिक तत्व / From Wikipedia, the free encyclopedia
शब्द (अंग्रेजी: word) भाषा के आधारभूत तत्व हवे जे कौनों बस्तुगत (ऑब्जेक्टिव) चाहे बेहवारिक (प्रैक्टिकल) अरथ (भा मतलब) वाला होला, अपने-आप में अकेलहूँ इस्तेमाल कइल जा सके ला, आ बिना बेवधान के बोलल जाला। भले भाषा के बोले वाला लोगन में शब्द का होला एकरा बारे में सहज अवबोध होला, भाषाविज्ञानी लोग एकरा परिभाषा पर एकमत ना बा लोग आ कई गो कोसिस एकरा के परिभाषित करे के पैमाना सभ के निर्धारण खातिर भइल बा बाकी ई बिसय आ कांसेप्ट अबहिन ले बिबादास्पदे बाटे।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/af/NZs-longest-place-name.jpg/640px-NZs-longest-place-name.jpg)
आम व्याकरण के किताबिन में एकर परिभाषा उच्चारण कइल जाए वाली इकाई के रूप में कइल जाला आ सार्थक (मने जेकर कौनों अरथ होखे) आ निरर्थक (बिना अरथ वाला) शब्द के रूप में बिभाजन कइल जाला। शब्दन के समूह से फ्रेज, क्लॉज आ वाक्य बने लें।