वुलर झील
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
वुलर झील भारत के जम्मू काश्मीर में एगो साफ पानी के झील बा। ई बांदीपोर जिला में स्थित बाटे आ एशिया के बड़हन मीठ पानी के झील सभ में से एक हवे। एकर रकबा सीजन अनुसार घटत-बढ़त रहे ला आ 60 से 260 वर्ग किलोमीटर के बीच रहे ला। झील में झेलम नदी के पानी आवे ला आ इहे नदी से बाहर निकले ला। झील के उत्पत्ती टेक्टानिक प्रक्रिया से भइल हवे। हवा बहे पर एह में लहर उठे ला। एकर पुराना नाँव महापद्मसर हवे।
वुलर झील جھیل ولر | |
---|---|
लोकेशन | जम्मू काश्मीर, भारत |
निर्देशांक | 34°20′N 74°36′E |
प्रकार | फ्रेशपानी के झील |
आगम | झेलम नदी |
निकास | झेलम नदी |
थाला के देस | भारत |
अधिकतम लंबाई | 16 किमी (9.9 मील) |
अधिकतम चौड़ाई | 9.6 किमी (6.0 मील)[1] |
सतह क्षेत्र | 12 से 100 वर्ग मील (31 से 259 किमी2) |
अधिकतम गहिराई | 14 मी (46 फीट) |
सतह ऊँचाई | 1,580 मी (5,180 फीट) |
दीप | जैनुल लंक |
आबादी | बांदीपोरा |
तिथी | 23 मार्च 1990 |
रिफरेंस नं॰ | 461[2] |
झील पर्यटन के एगो प्रमुख जगह हवे आ एकरा के पर्यावरण के हिसाब से महत्वपूर्ण होखे के कारन रामसर साइट के दर्जा दिहल गइल बाटे।
झील में कई किसिम के मछरी पावल जालीं आ बिबिध प्रकार के चिरई देखल जा सके लीं। वुलर झील के मुहाना पर तुलबुल परियोजना बाटे।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.