विकिपीडिया:विकिप्रोजेक्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
एगो विकिप्रोजेक्ट एक तरह के मंडली होला जहाँ विकिपीडिया पर योगदान करे वाला सदस्य लोग मिल के एगो टीम के रूप में काम करे ला आ विकिपीडिया के गुणवत्ता में सुधार करे ला। अइसन मंडली सभ अक्सरहा, कौनों एगो बिसय पर काम करे ला, जइसे के बिज्ञान से संबंधित लेख, या फिर कौनों भूगोलीय लोकेशन बीछ के ओह से जुडल लेख सुधारे ला, या फिर विकिपीडिया के आम रखरखाव काम में से कुछ के बीछ के आपन योगदान करे ला।
भोजपुरी विकिपीडिया पर सगरी चालू विकिप्रोजेक्ट के लिस्ट एकरे डायरेक्टरी में देखल जा सकत बाटे।
कौनों विकिप्रोजेक्ट आपन नया नियम नीति न बनावे ला आ विकिपीडिया के मूल नीति नियम के उल्लंघन ना करे ला। कौनों बिसेस लगाव भा राय या बिचारधारा से परभावित हो के लेखवन में अइसन बात लिखल जे विकिपीडिया के तटस्थता नीति के खिलाफ़ होखे, विकिप्रोजेक्ट के काम ना हवे आ अइसन ना करे के चाहीं।