विकिपीडिया:रोक नीति
From Wikipedia, the free encyclopedia
विकिपीडिया पर, रोक लगावल भा ब्लॉकिंग अइसन तरीका हवे जेवना से प्रबंधक लोग तकनीकी रूप से प्रयोगकर्ता लोग के विकिपीडिया के संपादन करे से रोके ला। रोक चाहे ब्लॉक सभ के प्रयोगकर्ता खाता सभ पर, आईपी पता सभ पर आ आईपी पता सभ के रेंज सभ पर, या त निश्चित भा अनिश्चित समय खातिर, लगावल जा सके ला, सगरी पन्ना सभ खातिर चाहे कौनों पन्ना-उपसमूह खातिर। रोक दिहल गइल प्रयोगकर्ता लोग विकिपीडिया पर पहुँच जारी रख सके ला, बाकी कौनों अइसन पन्ना के संपादन ना क सके ला जहाँ संपादन करे से ऊ लोग ब्लॉक होखे (जवना में, अगर उचित होखे, उनके खुद के प्रयोगकर्ता पन्ना भी सामिल हो सके ला)। ज्यादातर मामिला में पूर साइट पर लागू ब्लॉक द्वारा रोकल प्रयोगकर्ता लोग खाली आपन प्रयोगकर्ता वार्तालाप पन्ना के संपादित क सके ला।
![]() | ई एक ठो प्रस्तावित विकिपीडिया नीति, दिसानिर्देस, या प्रक्रिया बा। प्रस्ताव अभी निर्माण के दौर में हो सके ला, चर्चा में में हो सके ला, या लागू करे खातिर आम सहमति हासिल करे के दौर में हो सकेला। |
ब्लॉक के इस्तेमाल विकिपीडिया के नोकसान भा बिघटन के रोके खातिर होला, प्रयोगकर्ता लोग के सजा देवे खातिर ना। केहूओ प्रयोगकर्ता बिघटन के रिपोर्ट क सके ला आ प्रबंधक लोग से बिघटनकारी खाता भा आईपी पता के ब्लॉक करे पर बिचार करे के कह सके ला।
प्रबंधक लोग कौनों प्रयोगकर्ता के तब अनब्लॉक क सके ला (रोक हटा सके ला) जब ओह लोग के लागे कि ब्लॉक बेवजह बा या अब उचित नइखे।
रोक भा ब्लॉकिंग प्रतिबंध भा बैनिंग से अलग होला जवन विकिपीडिया के पूरा भा कुछ हिस्सा पर संपादन के विशेषाधिकार के औपचारिक वापसी हवे। ब्लॉक कौनों प्रयोगकर्ता के पन्ना सभ के संपादन करे के क्षमता के अक्षम क देला; प्रतिबंध के काम ई ना होला। हालाँकि, ब्लॉक द्वारा प्रतिबंध लागू करावल जा सके ला; अइसन प्रयोगकर्ता जे पूर्ण प्रतिबंध के अधीन बाड़ें, या आंशिक प्रतिबंध के शर्त के उल्लंघन क रहल बाड़ें, सभसे ढेर संभावना बा कि प्रतिबंध लागू करे खातिर साइट-व्यापी ब्लॉक कइ दिहल जइहें।