विकिपीडिया:टेम्पलेट
From Wikipedia, the free encyclopedia
विकिपीडिया पर टेम्पलेट अइसन पन्ना हवें जिनहन के दुसरे पन्ना सभ में ट्रांसक्लूड (शामिल) कइल जा सके ला आ आमतौर पर इनहन में अइसन सामग्री होला जे दोहराव वाली होला। कहे के मतलब ई, कि अगर कौनों एकही सामग्री कई पन्ना पर शामिल करे लायक बा तब हर बेर ओकरा के पन्ना पर लिखे के बजाय ओके एगो टेम्पलेट में लिख दिहल जाला आ खाली ओह टेम्पलेट के ओह पन्ना सभ पर शामिल क लेवे से ओकर सामग्री ओह पन्ना सभ पर देखाई पड़े लागे ला।
विकिपीडिया में टेम्पलेट एक तरह से साँचा के काम भी करे लें। यानी कि कौनों पैरामीटर सभ के लिस्ट परिभाषित क लिहल जाला आ ओह पैरामीटर के कवना तरीका से देखावल जाई ई परिभाषित क लिहल जाला; एकरे बाद पन्ना सभ पर ओह पैरामीटर सभ के मान भर के टेम्पलेट लगा देवे से ऊ सगरी पैरामीटर टेम्पलेट में परिभाषित तरीका से पन्ना सभ पर देखाई पड़े लागे लें।
टेम्पलेट बहुत आसान तरीक से परिभाषित भी हो सके ली आ इनहन के नेस्टिंग भी कइल जा सके ला; मने एगो टेम्पलेट में दुसरा टेम्पलेट के काल (शामिल भा ट्रांसक्लूड) कइल जा सके ला, आ एह तरीका से जटिल टेम्पलेट बनावल जा सके लीं।
अउरी जटिल काम के टेम्पलेट द्वारा तेजी से करे खाती विकिपीडिया पर मॉड्यूल भी बाड़ें जे लुआ भाषा में प्रोग्रामिंग कइल कोड होलें जिनहन के टेम्पलेट में काल कइल जाला आ ई टेम्पलेट पन्ना सभ पर शामिल कइल जा सके लीं।
कौनों पन्ना पर टेम्पलेट शामिल करे के तरीका होला दू गो टेढ़का ब्रैकेट (मझिला ब्रैकेट) में टेम्पलेट के नाँव लिख दिहल; उदाहरण खातिर: {{टेम्पलेट के नाँव}}
।
पैरामीटर वाली टेम्पलेट के शामिल करे खातिर:
{{टेम्पलेट के नाँव |parameter1 = पैरामीटर 1 के मान |parameter2 = पैरामीटर 2 के मान }}
एह तरीका से इनहन के इस्तेमाल से एकही सामग्री भा फार्मेटिंग हर बेर हर पन्ना पर ना करे के पड़े ला।