मनोरंजन
From Wikipedia, the free encyclopedia
मनोरंजन बिबिध प्रकार के आनंद देवे वाला क्रियाकलाप में सामिल होखे के कहल जाला। मनोरंजक क्रियाकलाप (एक्टिविटी) में अपना दर्शक या श्रोता सभ के धियान खींचे आ ओह लोग के आनंदित करे के बिसेसता होल। कई प्रकार के साधन बाड़ें जिनहन से लोग के आनंद मिले ला जइसे कि खेलकूद, संगीत, सिनेमा, साहित्य, पर्यटन वगैरह। मनोरंजन के इतिहास ओतने पुरान बा जेतना मानवता के। मनुष्य आदिम काल से खाली समय या परब-तिहुआर पर बिबिध प्रकार के साधन से आपन मनोरंजन कर रहल बा।
कौनों भी किसिम के मनोरंजन के सभसे महत्व वाला चीज बा मजा आइल। हालाँकि, अइसन कामकाज सभ भी हो सके लें जे मनोरंजन के साथे-साथ जानकारी बढ़ावे वाला, या फिर सेहत खाती लाभदायक हो सके लें। अक्सरहा मनोरंजन वाली चीज सभ के अउरी मकसद भी हो सके ला आ अउरी कई किसिम के परभाव भी हो सके ला।