ब्रह्मांड
अंतरिक्ष, पदार्थ, ऊर्जा इत्यादि आ साइद समय आ स्पेस के भी, एह सभके समेकित सम्पूर्ण / From Wikipedia, the free encyclopedia
ब्रह्मांड सगरी समय आ स्थान, आ एह में मौजूद चीज के कहल जाला।[9][10][11][12] सगरी ग्रह, तारा, गैलेक्सी, इंटरगैलेक्टिक स्पेस, छोट से छोट सबएटॉमिक कण आ सम्पूर्ण पदार्थ आ ऊर्जा के ब्रह्मांड के हिस्सा बा। एकरे जेतना हिस्सा के देखल जा सकत बाटे ऊ दृश्यमान ब्रह्मांड कहाला आ वर्तमान में ई 28 बिलियन पारसेक (91 बिलियन प्रकाश-बरिस) के व्यास वाला बाटे।[3] पूरा ब्रह्मांड के साइज मालुम नइखे आ ई अनंत भी हो सके ला।[13] निरिक्षण आ गणना पर आधारित भौतिक सिद्धांत के द्वारा ई निष्कर्ष निकाल गइल बाड़ें।
Quick Facts Age, Diameter ...
Age | 13.799 ± 0.021 billion years [2] |
---|---|
Diameter | Possibly infinite; at least 91 बिलियन प्रकाश-बरिस (28 बिलियन पारसेक) [3] |
Mass (ordinary matter) | At least 1053 kg [4] |
Average density | 4.5 x 10−31 g/cm3 [5] |
Average temperature | 2.72548 K [6] |
Main Contents | Ordinary (baryonic) matter (4.9%) Dark matter (26.8%) Dark energy (68.3%)[7] |
Shape | Flat with only a 0.4% margin of error[8] |
Close