बलियाँ
भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश में एगो शहर / From Wikipedia, the free encyclopedia
बलियाँ (अंग्रेजी: Ballia; हिंदी: बलिया) भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में एक ठो नगरपालिका वाला शहर बा। ई बलियाँ जिला के मुख्यालय हवे; बलियाँ जिला उत्तर प्रदेश के सबसे पूर्बी जिला ह जेकरा पच्छिम में मऊ, आ उत्तर दिसा में देवरिया आ दक्खिन में गाजीपुर जिला बाड़ें; जिला के दक्खिनी सीमा बिहार राज्य से सझिया बाटे। बलियाँ शहर गंगा नदी के बायें आ उत्तरी तीरे पर बसल शहर हवे। कुछे दूर पूरुब में गंगा आ सरजू नदिन के संगम होखे ला। शहर उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ से करीबन 380 किमी (240 मील) किलोमीटर पूरुब आ बनारस से 140 किमी (87 मील) उत्तर पूरुब बाटे। बिहार के राजधानी पटना एहिजा से करीबन 140 किमी (87 मील) पूरुब ओर बाटे।
बलियाँ | |
---|---|
Coordinates: 25°45′37″N 84°08′49″E | |
देस | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
जिला | बलियाँ |
क्षेत्र | पूर्वांचल |
Population (2011)[1] | |
• Total | 104,424 |
भाषा | |
• ऑफिशियल | हिंदी[2] |
• अउरी ऑफिशियल | उर्दू[2] |
• लोकल | भोजपुरी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | 277801 |
टेलीफोन कोड | 05498 |
Vehicle registration | UP-60 |
Website | ballia |
बलियाँ के सटले सुरहा ताल बाटे जहाँ जयप्रकाश नारायण चिरई बिहार बा। शिक्षा खातिर सतीश चन्द्र कॉलेज आ टाउन डिग्री कॉलेज बाड़ें आ हाले में खुलल जननायक चंद्रशेखर राज्य इन्वर्सिटी बाटे। सालाना लागे वाला ददरी मेला एहिजा के प्रमुख आकर्षण हवे आ सटले भिरगू बाबा के कुटी परसिद्ध धार्मिक अस्थान हवे।
बलियाँ में आम बोलचाल के खातिर भोजपुरी बोली बोलल जाला। बलियाँ के कुछ चर्चित लोग मंगल पांडे, चित्तू पांडे, चंद्रशेखर (भारत के नौवां प्रधान मंत्री), जनेश्वर मिश्र (छोटे लोहिया) आदि रहल बा। एहिजा के लोगन के लड़ाकू सोभाव के चलते आ 1942 के आंदोलन में राष्ट्रीय सरकार बनावे के चलते ई "बागी बलियाँ" के नाँव से परसिद्ध हवे।[3]