![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8a/Plates_tect2_en.svg/langbh-640px-Plates_tect2_en.svg.png&w=640&q=50)
प्लेट टेक्टॉनिक्स
From Wikipedia, the free encyclopedia
प्लेट टेक्टॉनिक्स भूगोल आ भूगर्भ बिग्यान से जुड़ल एगो संकल्पना बाटे जेवना में पृथ्वी पर होखे वाला टेक्टॉनिक क्रिया, मने कि हलचल से संबंधित अध्ययन कइल जाला। पृथिवी के अंदरूनी बनावट के अध्ययन से ई पता चले ला कि एकरे मैंटल में उपरी हिस्सा में एगो अइसन परत पावल जाले जे आधा-पघिलल परत के नियर बा आ ई एस्थेनोस्फीयर कहाला। एही एस्थेनोस्फीयर के ऊपर के परत, जेह में पृथ्वी के क्रस्ट आ मैंटल के कुछ हिस्सा शामिल बा, लिथास्फीयर (थलमंडल) कहाला जे कई बिसाल टुकड़ा में बँटल बाटे। एह बिसाल टुकड़ा सभ के प्लेट कहल जाला आ इनहने के गति के अध्ययन प्लेट टेक्टॉनिक्स हवे।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8a/Plates_tect2_en.svg/640px-Plates_tect2_en.svg.png)