पहिनावा
From Wikipedia, the free encyclopedia
पहिनावा केहू आदमी भा औरत द्वारा पहिनल जाए वाला सगरी चीज के कहल जाला जेवन आम तौर पर सूत से बनल कपड़ा की रूप में होला। एकर मुख्य उद्देश्य शरीर के ढांकल आ मौसम से बचाव होला। पहिनावा में कपड़ा के परकार, मात्रा आ इस्टाइल कई बात पर निर्भर बाटे जइसे कि मौसम, फैशन आ देस-अस्थान।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/ed/Man_on_the_right_in_overlapping_kurta_1848.jpg/320px-Man_on_the_right_in_overlapping_kurta_1848.jpg)
पहिनावा, कपड़ा पहिने की तरीका के आ कपड़ा सभ से रूप रंग आ परकार के भी कहल जाला। आम तौर पर पहिनावा से मतलब होला कि केहू कइसन कपड़ा पहिरले बाटे। ब्यापक अरथ में ई कौनों अस्थान, क्षेत्र या देस के के लोगन के कपड़ा आ कपड़ा पहिरे की तरीका के बतावेला। समय कई अनुसार पहिनावा में भी बदलाव होला। ई बदलाव एकही आदमी कई उमिर में बदलाव से भी हो सकेला आ बहुत लम्बा समय में कौनों बिसेस जगह कई लोगन के पुरा पहिनावा में भी बदलाव हो सके ला। पुरान समय में पहिनावा कुछ अउरी रहे आज ओही अस्थान के लोग दूसर किसिम के पहिनावा पहिन सके ला।