परबत माला चाहे परबत शृंखला (Mountain Chain) या परबत श्रेणी (Mountain Range) पहाड़न की एगो अइसन कड़ी के कहल जाला जवन बहुत ढेर लंबाई में विस्तार वाली होखे। कब्बो कबो एकही परबत माला कई गो छोट-छोट परबत श्रेणिन में भी टूटल हो सकेले अइसना में छोटका हिस्सन के श्रेणी आ पूरा लंबाई के पर्वतमाला कहल जाला। कई गो परबत श्रेणी या पर्वत माला एकही जगह पर एकट्ठा मिलें आ उनहन में आपस में भूबिज्ञान की हिसाब से कौनों संबंध भी होखे त अइसना में पुरा संरचना के परबत तंत्र (Mountain System) कहल जाला चाहे कब्बो कबो कार्डिलेरा (Cordillera) कहल जाला।

हिमालय पहाड़ एगो परबत तंत्र हवे जेवन तीन गो परबत माला कुल से मिल के बनल हवे - हिमाद्रि, मझिला हिमालयशिवालिक। एही तरे मझिला हिमालय परबत माला कई गो परबत श्रेणी में बाँटल बा जइसे धौलाधार श्रेणी, महाभारत श्रेणी वगैरह।

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.