![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f3/Ognisko_ubt_0126.jpeg/640px-Ognisko_ubt_0126.jpeg&w=640&q=50)
धुआँ
हवा में तैरे वाला कण आ गैस सभ के देखलाई पड़े वाला रूप / From Wikipedia, the free encyclopedia
धुँआ चाहे धूआँ (अंग्रेजी: Smoke) हावा में मौजूद महीन ठोस कण, द्रव (लिक्विड) कण आ गैस सभ के मिलजुल रूप होला जे कौनों पदार्थ के जरले (दहन होखे) आ प्रोलाइसिस के होखे के कारण पैदा होला आ वायुमंडल के हावा में पहुँचे ला आ मिल जाला। घन धुआँ देखलाई पड़े ला आ ढेर घन होखे पर नजर के रोक के अपने पाछे के चीज के देखलाई देवे से रोक देला।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f3/Ognisko_ubt_0126.jpeg/640px-Ognisko_ubt_0126.jpeg)
आमतौर पर धुँआ आगि के जरले से उपउत्पाद (बाई-प्रोडक्ट) के रूप में निकले ला। ई आगि प्राकृतिक रूप से जंगल के आगि होखे, ज्वालामुखी के आगि होखे चाहे मनुष्य द्वारा उद्योग में जरावल जाए वाला ईंधन के आगि हो सके ले। एकरे अलावा धुआँ गाड़ी के इंजन में जरे वाला तेल से पैदा होखे, धूमपान (बीड़ी-सिगरेट पियले से) से निकले वाला धुआँ या अउरी कौनों किसिम के दहन (कंबशन) से निकले वाला उपउत्पाद हो सकेला। एकरे अलावा कबो-कबो सीधे धुआँ पैदा भी कइल जाला जबकि धुआँ पैदा कइल खुदे मकसद होखे, उदाहरण खातिर कीटनाशक के रूप में, शहर में मच्छर मारे खातिर फॉगिंग कइल, देहाती इलाका में गाइ-गोरू के मच्छर से बचाव खाती धुँआरन कइल वगैरह।
धुँआ के अधिकतर तत्व प्रदूषणकारी होलें।