![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f3/Monsoon_season_beach_Tamil_Nadu_India.jpg/640px-Monsoon_season_beach_Tamil_Nadu_India.jpg&w=640&q=50)
भारतीय मानसून
दक्खिन एशिया के मानसून के परिचय आ बिबरन / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय मानसून चाहे दक्खिन एशिया के मानसून एगो मौसम सिस्टम बा जेवन पूरा बैस्विक स्तर प कई इलाकन में घटित होखे वाला मानसून सभ में से एशियाई मानसून क हिस्सा हवे। सबसे पहिले एही भारतीय मानसून के मौसम सिस्टम के पहिचान अरब सागर के इलाका में भइल आ एकर नाँव अरबी के मौसिम के आधार प रखल गइल। ई मौसम सिस्टम खाली भारते के ना बलुक पूरा भारतीय उपमहादीप के प्रभावित करे ला। भारत आ आसपास के देसवन खातिर एकर महत्व बहुत बा काहें से की पूरा खेती आ अउरी आर्थिक क्रिया एह सीजनल बदलाव के साथ प्राचीन समय से सेट हो चुकल बा।
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f3/Monsoon_season_beach_Tamil_Nadu_India.jpg/320px-Monsoon_season_beach_Tamil_Nadu_India.jpg)
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/59/India_southwest_summer_monsoon_onset_map_en.svg/640px-India_southwest_summer_monsoon_onset_map_en.svg.png)
अरब सागर में समुंदरी यात्रा करे वाला जहाजी लोग सभसे पहिले एकर पहिचान कइल[1] जब ऊ लोग अफिरका, भारत आ दक्खिनी पच्छिमी एशिया के बिचा में यात्रा करे।
उपमहादीप पर एकरे बिस्तार के हिसाब से एकरा के दू प्रकार में बाँटल जाला:
- अरब सागर शाखा
- बंगाल के खाड़ी शाखा
एगो दुसरा आधार पर एकरा के दू हिस्सा में भी बाँटल जाला, बरखा ले आवे वाली हवा के बहे के दिसा में बदलाव के आधार पर:
- दक्खिनी-पच्छिमी मानसून (SW Monsoon)
- उत्तरी-पूरबी मानसून (NE Monsoon)[नोट 1]