डोनबास

यूक्रेन में एगो इलाका From Wikipedia, the free encyclopedia

डोनबास

डोनबास (अंग्रेजी: Donbas) पूरबी यूक्रेन में एगो इतिहासिक, सांस्कृतिक, आ आर्थिक क्षेत्र बा। वर्तमान में एह इलाका के कुछ हिस्सा अलगाववादी समूहन के कब्जा में बाटे आ एह इलाका में रूस-यूक्रेन जुद्ध चल रहल बा। एही क्षेत्र में दू गो खुद के आजाद देस के दावा करे वाला अलगावादी समूह, डोनेत्स पीपल्स रिपब्लिक (डीपीआर) आ लोहांस्क पीपल्स रिपब्लिक (एलपीआर) बाड़ें।

डोनबास के वर्तमान इलाका

इतिहासी रूप से ई इलाका सोवियत संघ के प्रमुख कोइला खदान वाला इलाका आर्थिक प्रदेश रहल। एकरा के दोनेत्स नदी के नाँव पर दोनेट्स बेसिन भी कहल जाय। सोवियत संघ के बिघटन आ यूक्रेन के आजादी के बाद से ई यूक्रेन देस के हिस्सा हवे आ एकर वर्तमान सभसे चलनसार परिभाषा यूक्रेन के दोनेत्स्क ओब्लास्तलोहांस्क ओब्लास्त के रूप में कइल जाला। हालाँकि, इतिहासी इलाका एकरा ले बड़ रहल आ कुछ हिस्सा अबो रूस देस में पड़े ला।

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.