![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/d2/Asklepios.3.jpg/640px-Asklepios.3.jpg&w=640&q=50)
डाक्टरी (बिद्या)
From Wikipedia, the free encyclopedia
एकरा के डाक्टरी (क्लिनिक) या अस्पताल से अलगा बूझल जाय।
डाक्टरी बिद्या चाहे अंग्रेजी में (अंग्रेजी: Medicine–मेडिसिन) आधुनिक बिज्ञान आ बिद्या हवे जे मनुष्य के शरीर में पैदा होखे वाली बेमारी सभ के पहिचान, इलाज आ बचाव के अध्ययन करे ले आ एह बिद्या के इस्तेमाल भी डाक्टरी कइल एगो पेशा के रूप में बा। आम लोग एह बिद्या के जानकार आ एह पेशा के अपनावे वाल व्यक्ति के डाक्टर कहे ला।
Quick Facts Specialist, Glossary ...
![]() Statue of Asclepius, the Greek god of medicine, holding the symbolic Rod of Asclepius with its coiled serpent | |
Specialist | Medical specialty |
---|---|
Glossary | Glossary of medicine |
Close
मुख्य रूप से ई यूरोप में जनमल इलाज के तरीका आ दवा-बीरो के बिधा खाती इस्तेमाल होखे ला आ आयुर्वेद, यूनानी हकीमी, देसी खरबिरउआ इलाज वगैरह के एह नाँव से ना बोलावल जाला। हाँ, होम्योपैथी के इलाज के भी कई बेर लोग डाक्टरी कह देला आ होमियोपैथ के डाक्टर; जबकि आधुनिक बिज्ञान होमियोपैथी के बिज्ञान (साइंस) ना माने ला।