बायोडायवर्सिटी
जीवधारी सभ के बिबिधता / From Wikipedia, the free encyclopedia
बायोडायवर्सिटी (अंग्रेजी: biodiversity; हिंदी: जैवविविधता), चाहे जीवबिबिधता, कौनों क्षेत्र में पावल जाए वाला सगरी पशु-पक्षी, जीव-जंतु, बनस्पति, फंगस, बैक्टीरिया वगैरह के सगरी प्रजाति सब के बिबिधता ह।[1]
एडवर्ड ओ. विल्सन के हिसाब से, बायोडायवर्सिटी शब्द के रचना डब्ल्यू. जी रोसेन द्वारा 1985 में कइल गइल।[2] जबकि एकरा पहिले 1980 में थॉमस लवज्वॉय बायोलॉजिकल डायवर्सिटी शब्द से बैज्ञानिक समुदाय के परिचित करा चुकल रहलें।[3] ई तेजी से चलन में आ चुकल रहल।[4]