चंदन गाँछ

पौधन के एगो जाति (जीनस) From Wikipedia, the free encyclopedia

चंदन गाँछ

चंदन गाँछि चाहे चंदन के फेड़ फूलदार पौधा सभ के एगो जाति हवे। बैज्ञानिक भाषा में एह बनस्पति जाति के सैंटलम (Santalum) कहल जाला आ एह जाति के पौधा सभ के लकड़ी (चंदन) बहुत कीमती होखे ला। एह जाति के पौधा सभ में सभसे परसिद्ध भारतीय चंदन के गाछ हवे जेकरा बैज्ञानिक नाँव सैंटलम एल्बम (S. album) हवे। एह जाति के पौधा सभ बड़हन फेड़ भी होखे ले आ छोट झांग नियन गाछ भी। इनहन में अधिकतर रूट पैरासाइट होखे लें जे फोटोसिंथेसिस से आपन भोजन खुद बनावे लें बाकी पानी आ अउरी न्यूट्रीएंट सभ दुसरे पौधा सभ के सोर से खींचे लें। इनहन के कई प्रजाति सभ, ख़ास क के भारतीय चंदन, के लकड़ी बहुत महके वाली होखे ले आ इतर बनावे आ जड़ी-बूटी के कामे आवे ले।

Quick Facts चंदन गाँछ, बैज्ञानिक वर्गीकरण ...
चंदन गाँछ
The branches of a young Santalum paniculatum on the island of Hawaiʻi
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम:प्लेंटाई
(Plantae)
क्लैड (Clade):एंजियोस्पर्म
(Angiosperms)
क्लैड (Clade):यूडिकॉट्स
(Eudicots)
ऑर्डर (Order):Santalales
परिवार:Santalaceae
जाति (Genus):Santalum
L.
Species

See text

अउरी दूसर नाँव
  • Eucarya T.Mitch.
  • Fusanus L.
Close

सैंटलम जाति (जीनस) में लगभग 25 गो प्रजाति सभ चिन्हित कइल गइल बाड़ीं जिनहन के क्षेत्र बिस्तार इंडोमलायन, ऑस्ट्रेलेशियन, आ ओशियानियन बनस्पति मंडल (रील्म) में भारत से ले के मलेशियाप्रशांत महासागरीय दीप सभ के बिस्तार लिहले बाटे; इहाँ तक ले कि हवाई दीप पर आ दक्खिन अमेरिका के तटीय इलाका जुआन फर्नांडेज दीप तक ले ई पावल जालें।

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.