खगोलिकी
धरती से बाहर अंतरिक्ष में मौजूद चीजन के अध्ययन करे वाला विषय / From Wikipedia, the free encyclopedia
खगोलिकी भा खगोलशास्त्र (अंग्रेजी: astronomy) विज्ञान के एगो शाखा हउवे जेह में पृथिवी के बाहर आकाश भा अंतरिक्ष में मौजूद चीजन, जइसे की ग्रह, नक्षत्र आ आकाश गंगा आदि क पढ़ाई आ रिसर्च होल। प्राचीन काल में एहमें ग्रहन क गति आ आकाश में स्थिति क पूर्वानुमान लगावे का भी अध्ययन होखे आ एकर जुड़ाव ज्योतिष आ भूगोल दुनों से रहल।