काठमांडो हिमालयी देस नेपाल के राजधानी आ इहाँ के सभसे बड़ सहर हवे। ई हिमालय क्षेत्र में भी सभसे बड़हन सहर हवे आ इहाँ के कुल जनसंख्या लगभग 20 लाख बा आ अगर काठमांडो घाटी में मौजूद अन्य उपनगर सभ के शामिल कइल जाय तब जनसंख्या 60 लाख बाटे; एह में ललितपुर, कीर्तिपुर, मध्यपुर थीमी आ भक्तपुर नियर कस्बा सामिल कइल जालें।

Quick Facts काठमांडो, देस ...
काठमांडो
काठमाडौं महानगरपालिका
Mottoes: 
जिगु पौरख, जिगु गौरव, जिगु येँ देय्
Thumb
काठमांडो
काठमांडो
नेपाल में लोकेशन
Coordinates: 27°42′41″N 85°18′31″E
देस नेपाल
प्रांतकोशी प्रदेश
अंचलबाघमती अंचल
जिलाकाठमांडो
Area
  मेट्रो49.45 किमी2 (19.09 बर्ग मील)
 काठमांडो जिला: 395 वर्ग किलोमीटर
काठमांडो घाटी: 642 वर्ग किलोमीटर
Elevation
1,400 m (4,600 ft)
Population
 (2011)
  Metro
1,003,285 [1]
Male: 533,127 Female: 470,158
  Metro density20,288.88/किमी2 (52,548.0/बर्ग मील)
 काठमांडो जिला: 1,744,240
काठमांडो घाटी: 2,517,023
भाषा
  चलन मेंनेपाली, नेपाल भाषा, शेरपा, तमांग आ लिंबू वगैरह
  ऑफिशियलनेपाल, नेपाल भाषा
Time zoneUTC+5:45 (एनएसटी)
डाक कोड
44600 (GPO), 44601, 44602, 44604, 44605, 44606, 44608, 44609, 44610, 44611, 44613, 44614, 44615, 44616, 44617, 44618, 44619, 44620, 44621
Area code01
एचडीआईIncrease 0.710 हाई [2]
साक्षरताIncrease 78% हाई
Websiteऑफिशियल वेबसाइट
Close

शहर बिचला नेपाल के कटोरीनुमा काठमांडो घाटी में समुंद्र तल से 1,400 मीटर (4,600 फीट) के ऊँचाई पर बसल बा। घाटी के इतिहासी रूप से "नेपाल सदर" के नाँव से जानल जाला। ई नेवार लोग के मूल अस्थान हवे। काठमांडो, नेपाली राजघराना के राजधानी रहल हवे आ कई गो पबित्र धार्मिक अस्थान एह घाटी में बाड़ें। इहाँ दक्खिन एशियाई देसन के संगठन सार्क के मुख्यालय भी 1985 से अस्थापित बा। वर्तमान में ई शहर, साल 2008 में अस्थापित नेपाली गणराज्य के राजधानी भी बा आ ई नेपाल के प्रशासनिक बिभाजन अनुसार बागमती अंचलप्रदेश संख्या 3 के अंतगर्त आवे ला।

पुराना समय से काठमांडो नेपाल के इतिहास, कला, संस्कृति आ अर्थब्यवस्था के केंद्र रहल बा। इहाँ के जनसंख्या भी कई किसिम के जातीयता वाली बा आ धार्मिक आधार पर देखल जाय तऽ हिंदू आ बौद्ध लोग के बहुलता बाटे। धार्मिक आ सांस्कृतिक तिहुआर सभ इहाँ के आम जनजीवन के अभिन्न अंग बाड़ें। शहर के आर्थिक आधार के रूप में पर्यटन के बिसेस महत्व बा। धार्मिक तीर्थ यात्रा के अलावा पहाड़ घूमे आ अन्य एडवेंचर करे खाती भी लोग इहाँ आवे ला आ इहाँ सात गो कसीनों भी बाने। 2015 में आइल भूडोल में शहर के काफी नोकसान भइल रहे। नेपाली आ नेपाल भाषा इहाँ आम चलन में बा आ अंग्रेजी आ हिंदी भी लोग बुझे ला।

भूगोल

काठमांडो शहर, काठमांडो घाटी के उत्तरी पच्छिमी हिस्सा में, बागमती नदी के उत्तर में स्थित बा आ लगभग 50.7 किमी2 (545,730,258.1 वर्ग फु) क्षेत्रफल पर एकर बिस्तार बाटे। समुंद्र तल से औसत ऊँचाई 1,400 मीटर (4,600 फीट) बाटे।[3] शहर के इर्द-गिर्द कई गो अन्य नगरपालिका सभ भी बाड़ी: बागमती नदी के दक्खिन में पाटन (ललितपुर) बा जेकरे साथे रिंग रोड जुड़े ला, दक्खिन पच्छिम में कीर्तिपुर बा आ पूरुब में मध्यपुर थिमि बाटे। उत्तर में ई शहर कई गाँव बिकास समीति सभ ले बिस्तार लिहले बा। हालाँकि, शहर के नगरीय संकुल (एग्लोमरेशन) अउरी बिस्तार वाला बा आ एह में भक्तपुर नियर नगरपालिका आ लगभग पूरे काठमांडो घाटी आ जाले।

काठमांडो घाटी में कुल छोट-बड़ आठ्गो नदी गुजरे लीं, इनहन में घाटी के मुख्य नदी, बाघमती आ एकर सहायिका नदी सभ शामिल बाड़ी, बिष्णुमती, ढोबी खोला, मनोहरा खोला, हनुमंते खोला आ टुकुचा खोला एह सहायिका सभ में प्रमुख बाड़ी सऽ। जवना पहाड़ सभ से ई नदी निकसे लीं उनहन के ऊँचाई लगभग 1,500–3,000 मीटर (4,900–9,800 फीट) के बीच बा, आ एह में कई को काठी (दर्रा) सभ बाने जिनहन से हिमालय के अन्य घाटी सभ से एह घाटी के जुड़ाव आ रस्ता बा।[4][5][6] बहुत पुराना जमाना के एगो नहर नागार्जुन पहाड़ी से निकल के बलाजू होखत काठमांडो चहुँपे, हालाँकि अब ई नहर बिलुप्त हो चुकल बाटे।

काठमांडो घाटी के बनस्पति क्षेत्र मानसूनी पतझड़ वाला बन के श्रेणी में आवे ला (ऊँचाई 1,200–2,100 मीटर (3,900–6,900 फीट)) जे नेपाल के पाँच गो बनस्पति क्षेत्र सभ में एक हवे। ओक, एल्म, बीच आ मैपल वगैरह पे फेड़ सभ के बहुतायत बा आ ऊँच ढाल सभ पर कोणधारी बन भी मिले लें।[7]

काठमांडो प्रशासन

काठमांडो आ आसपास के नगरीय इलाका सभ कई गो आवासीय क्षेत्र सभ में बिभाजित बाने, लोकल लोग आम बेहवार में एही मोहल्ला सभ के नाँव के इस्तेमाल ढेर करे ला। हालाँकि, प्रशासन के हिसाब से काठमांडो के बिभाजन 35 गो वार्ड सभ में कइल गइल बा। इनहन के नाँव नंबरिंग के आधार पर हवे, मने की वार्ड नं. 1 से ले के वार्ड नं. 35 तक।[8]

काठमांडो नगरीय समूह

काठमांडो नगरीय समूह (एग्लोमेरेशन) कौनों प्रशासनिक इकाई ना घोषित हवे। काठमांडो घाटी के शहरी इलाका सभ तीन गो जिला सभ में बिभाजित बाने जे लगभग पूरा तौर पर एह घाटी के भितरे मौजूद बाने सिवाय दक्खिनी हिस्सा के छोड़ के जे एह घाटी के बहरे ले फइलल बाटे। एह जिला सभ के जनसंख्या घनत्व पूरा नेपाल में सभसे ढेर बा, मने की ई नेपाल के सभसे ढेर घन बसल जिला सभ में टॉप पर बाने। एह तीन जिला सभ में 3 कई गाँव बिकास समीति, 20 गो नगरपालिका आ 2 दू गो मेट्रो (महानगरपालिका): काठमांडो आ लातितपुर) सामिल बाने। नीचे एह जिला सभ के आँकड़ा दिहल गइल बा जे काठमांडो नगरीय संकुल के हिस्सा मानल जालें:

More information जिला, रकबा (किमी2) ...
जिला रकबा (किमी2) जनसंख्या (2001 जनगणना) जनसंख्या (2011 जनगणना) जनघनत्व (/किमी2)
काठमांडो जिला 395 1,081,845 1,740,977 4408
ललितपुर जिला 385 337,785 466,784 1212
भक्तपुर जिला 119 225,461 303,027 2546
काठमांडो नगरी समूह 899 1,645,091 2,510,788 2793
Close

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.