बंद जलबहाव वाला इलाका जहाँ से पानी के कौनों दुसरे बाहरी नदी भा समुंदर में निकास बहाव न होखे From Wikipedia, the free encyclopedia
एंडोरेइक बेसिन चाहे थलभीतरी बेसिन (शब्दउत्पत्ती:प्राचीन ग्रीक: ἔνδον, एंडॉन, "अंदर" आ ῥεῖν, रे'इन, "बहाव"; अंग्रेजी उच्चारण: ऎंडोरी'इक बेसिन) एगो अइसन बंद बहाव थाला होला जवना में नद्दी-नाला सभ आके एगो अइसन जगह पर पानी छोड़े लें जहाँ से बाहर की ओर दुसरा नद्दी या समुन्दर में कौनों अउरी निकास-बहाव ना होला। समुन्द्र में बहाव वाला बेसिन के बिपरीत इनहन के पानी या के निकास बहाव के रूप में ना होला बलुक पानी या त भाप बन के उड़ जाला या फिन जमीन के अंदर सरवत के चल जाला।[1]
अंग्रेजी के शब्द हवे Endorheic basin जेकर उच्चारण होला /ˌɛndoʊˈriː.ɪk/; ऎंडोरी'इक बेसिन; आ एकरा के endoreic basin भा endorreic basin के रूप में भी अंग्रेजी में लिखल जाला। देवनागरी लिखाई में लिखत घरी कई लोग एकरा के गलती से एंडोरहिक बेसिन लिखे आ ओही अनुसार पढ़े ला।
अंग्रेजी के शब्द ऎंडोरी'इक के उत्पत्ती प्राचीन ग्रीक: ἔνδον, एंडॉन, "अंदर" आ चाहे भीतर, आ ῥεῖν, री'इन, "बहाव" के मिले से भइल हवे।
हिंदी में एकरा के कभी बंद जलसम्भर चाहे समावृत जलसम्भर कह दिहल जाला; हालाँकि, जलसंभर के प्रयोग एक़ुइफ़र भा एक्विफर खाती होला जे जमीन के भीतर नीचे वाला पानी के छेत्र खाती इस्तेमाल होखे ला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.