ऑस्ट्रेलिया के भूगोल
ऑस्ट्रेलिया के भूगोलीय चीज सब के बिबरनऑस्ट्रेलिया के भूगोल में भारी बिबिधता देखे के मिले ला आ कई किसिम के जीवभूगोलीय क्षेत्र एह दुनियाँ के सभसे छोट महादीप में पावल जालें, जबकि ई दुनियाँ के छठवाँ सबसे बड़हन देस हवे। आस्ट्रेलिया के अधिकतर आबादी एकरे पूरबी आ दक्खिन-पूरबी किनारा पर बसल बाटे। एह महादीप के भूगोल बहुत बिबिधता वाला बा जहाँ एक ओर आस्ट्रेलियाई आल्प्स आ तस्मानिया के बरफ से तोपाइल पहाड़ बाने ओहिजे बिसाल रेगिस्तान आ अध-सूखा जमीन से ले के उष्णकटिबंधी आ शीतोष्णकटिबंधी बन, घास के मैदान आ खुला जंगल पावल जालें।
Read article