From Wikipedia, the free encyclopedia
हुड वाला पिट्टा (नेपाली: चित्रक पिट्टा, अंग्रेजी: Hooded pitta; Pitta sordida) पिट्टा परिवार के एक ठो passerine चिरई बाटे जवन पूरबी आ दक्खिनी पूरबी एशिया में आ समुंद्र तटीय दक्खिनी पूरबी एशिया में पावल जाले। ई एह इलाका के जंगल से ले के बाग बगीचा आ खेती वाला इलाका सभ में मिले ले। लेप्चा भाषा में एकरा के फित्तम् फ़ो कहल जाला।[2]
हुड वाला पिट्टा | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | जानवर |
फाइलम: | कार्डेटा |
क्लास: | चिरई |
ऑर्डर (Order): | Passeriformes |
परिवार: | पिट्टादी |
जाति (Genus): | पिट्टा |
प्रजाति: | P. sordida |
दूपद नाँव | |
Pitta sordida (Müller, 1776) | |
ए चिरई के लंबाई 16 से 19 सेंटीमीटर ले हो सके ले आ वजन लगभग 42 से 70 ग्राम ले होला। ई चिरई कई प्रकार के किरौना आ लार्वा खाले आ रसदार फल भी खाले। इन्हन के मिलन समय फरवरी से अगस्त ले होला (भारत में जून से अप्रैल[2])जवना दौरान ई जमीन पर आपन खतोना बनावे ले आ नर आ मादा दुनों मिल के बच्चा सब के देखभाल करे लें। ई अपने निवास क्षेत्र के बहुत महत्व देले आ इन्हन के आवाज मधुर (क्वीक-क्वीक) होले, जवन कबो कबो रात भर चले ले।
ई चिरई चमकीला रंग से ले के हल्का मटमइल निलछाहूँ-हरा रंग के हो सके ले। एकरे मूंडी के रंग करिया होला आ टोपीदार लउके ला एही से एकरा के हुड वाला पिट्टा भी कहल जाला। मूंडी के ऊपर भूरा रंग के निशान भी कबो कबो होला। बाकी शरीर नीलाहूँ हरियर होला। पूँछ के रंग करिया होला जवना के छोर पर नीला रंग भी हो सकेला। पिट्टा जाति के बाकी चिरई सभ नियर एकर पोंछ बहुत बाहर निकलल ना होले बलुक बहुत छोट होला।
पूरबी आ दक्खिनी पूरबी एशिया में आ समुंद्र तटीय दक्खिनी पूरबी एशिया में पावल जाले। ई एह इलाका के जंगल से ले के बाग बगीचा आ खेती वाला इलाका सभ में मिले ले।
भारत में ई चिरई हिमालय के तराई वाला इलाका आ उत्तर प्रदेश से ले के नीचला बंगाल ले, आ बंगलादेश आ बर्मा में पावल जाले।[2]
आमतौर पर ई चिरई जमीन पर छोट किरौना आ लार्वा के शिकार करे ले। पतझड़ वाला बन में ई पतई के ढेर में टकटोर के किरौना खोजे ले। भारत में इन्हन के प्रजनन काल (बच्चा देवे के समय) अप्रैल से जून होला[2] आ ई आमतौर पर बांस के पतई के गोला निअर इकट्टा क के जमीन पर खतोना बनावे ले। एक बेर में चार से पाँच अंडा देले। नर आ मादा दुनों मिल के बच्चा के पोसे लें।[2]
पकड़ के रखले पर आम तौर पर ई बाकी साथी चिरइन के साथ घुलमिल जाले बाकी प्रजनन समय में दूसरी पिट्टा सभ पर लड़ाकू हो सकेले। लंदन चिड़ियाघर में ई चिरई लंबा गलियारा नियर हिस्सा में रखल जाले।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.