From Wikipedia, the free encyclopedia
संघवाद या फ़ेडरलिज़म (अंग्रेजी: Federalism) शासन (सरकार) के एगो अइसन रूप होखे ला जेह में एकही राजनीतिक ब्यवस्था में एगो आम सरकार ('संघ' या 'केंद्र' सरकार) आ क्षेत्रीय सरकार (राज्य, प्रदेश, प्रांत, लैंड, कैंटन या अइसने कौनों इकाई के सरकार) मिल के काम करे लीं। एकर सभसे प्रमुख उदाहरण यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के 1789 के संबिधान से अस्थापित फ़ेडरलिज्म बाटे जहाँ दू गो स्तर के सरकारन में बराबरी के दर्जा के संबंध अस्थापित बाटे।[1]
एही से संघवाद के परिभाषा ई कइल जाले की, सरकार के अइसन रूप जहाँ पावर के बँटवारा दू गो लेवल पर बाकिर बराबरी के इस्टेटस वाली सरकारन के बिचा में होला।[2]
आसन भासा में कहल जाय तब, ई अइसन ब्यवस्था होला जहाँ शक्ति के बँटवारा केंद्र सरकार आ राज्य सरकार के बीच में होला जे दुन्नों अपना काम में स्वतंत्र होखें आ आपस में कोऑर्डिनेशन अपना अपना परभावक्षेत्र में काम करें।[नोट 1]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.