शिव चाहे शंकर (भोजपुरी में अक्सरहा होखे वाला उच्चारण संकर) एगो प्रमुख हिंदू देवता हवें। हिंदू धर्म में शिव के बिष्णु आ ब्रह्मा के साथे त्रिमूर्ति के रूप में पूजल जाला जबकि हिंदू धरम की शैव मत में इनके सभसे बड़हन देवता आ साक्षात ईश्वर के रूप मानल जाला। त्रिदेव के रूप में, इनके बिनास भा संहार के देवता भी मानल जाला जबकि ब्रम्हा के रचना आ बिष्णु के पालन के देवता मानल जाला।
शिव | |
---|---|
देवनागरी | शिव |
संबंधित बाड़े | ब्रह्म (शैव मत), त्रिमूर्ति, देव |
धाम | कैलास परबत |
मंत्र | ॐ नमः शिवाय |
हथियार | त्रिशूल |
चीन्हा | शिवलिंग |
सवारी | नंदी |
तिहुआर | शिवराति, सावन के महीना |
Personal information | |
Consort | सती, पार्वती[1] |
संतान | गणेश आ कार्तिकेय क्षेत्रीय: अय्यपन (ऐय्यनार, शास्ता), |
वैदिक साहित्य में इनके रूप रूद्र नाँव के देवता में देखल जाला हालाँकि, कुछ बिद्वान लोग शिव के पूजा वैदिक युग से पहिले से होखत माने ला। शैव मत के परभाव काश्मीर आ दक्खिन भारत में खासतौर से देखे के मिले ला। एकरे अलावा जहाँ-जहाँ शक्ति के उपासना के जोर बा ओह इलाका सभ में भी शिव के पूजा महत्व के चीज हवे।
हिंदू देवता गणेश आ कार्तिकेय के पिता जी आ माता पार्वती के पति बतावल जालें। पुराण सभ के जुग के, शिव से जुड़ल प्रमुख ग्रंथ शिव पुराण हवे।
संदर्भ
Wikiwand in your browser!
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.