From Wikipedia, the free encyclopedia
रिपब्लिकन पार्टी (अंग्रेजी: Republican Party), जेकरा के ग्रैंड ओल्ड पार्टी (Grand Old Party) भा जीओपी (GOP) के नाँव से जानल जाला, अमेरिकी राजनीतिक पार्टी बाटे आ वर्तमान में ई सभसे प्रमुख दू गो पार्टी में से एक बा जबकि एकर प्रमुख बिपक्षी पार्टी डेमोक्रेटिक पार्टी हवे। अमेरिका के वर्तमान राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप एही रिपब्लिकन पार्टी के बाड़ें आ अगिला चुनाव खातिर उहे एह पार्टी के दोबारा उमेदवार रहिहें।
Republican Party | |
---|---|
संछेप नाँव | GOP (Grand Old Party) |
चेयरपर्सन | Ronna McDaniel (MI) |
U.S. President | Donald Trump (FL) |
U.S. Vice President | Mike Pence (IN) |
Senate Majority Leader | Mitch McConnell (KY) |
House Minority Leader | Kevin McCarthy (CA) |
स्थापित | मार्च 20, 1854 |
पहिले रहल | Whig Party Free Soil Party |
मुख्यालय | 310 First Street SE Washington, D.C. 20003 |
स्टूडेंट विंग | College Republicans |
युवा विंग | Young Republicans Teen Age Republicans |
औरत विंग | National Federation of Republican Women |
Overseas wing | Republicans Overseas |
सदस्यता (2020) | 33,284,020[1] |
बिचारधारा | Majority: • Conservatism[2] • Fiscal conservatism[3] • Social conservatism[4][5][6] Factions: • Centrism[7] • Libertarianism[8] • Neoconservatism[8] • Right-wing populism[9][10] |
यूरोपियन जुड़ाव | European Conservatives and Reformists Party[11] (regional partner) |
इंटरनेशनल जुड़ाव | International Democrat Union[12] |
Regional affiliation | Asia Pacific Democrat Union[13] |
रंग चीन्हा | Red |
Seats in the Senate | 53 / 100 |
Seats in the House | 198 / 435 |
State Governorships | 26 / 50 |
State Upper Chamber Seats | 1,080 / 1,972 |
State Lower Chamber Seats | 2,773 / 5,411 |
Territorial Governorships | 2 / 6 |
Territorial Upper Chamber Seats | 12 / 97 |
Territorial Lower Chamber Seats | 14 / 91 |
चुनाव चीन्हा | |
वेबसाइट | |
gop.com |
पार्टी के अस्थापना 1854 में कंसास-नेब्रास्का एक्ट के बिरोधी लोगन द्वारा कइल गइल जे लोग एह एक्ट द्वारा पच्छिमी टेरिटरी सभ में दासता (स्लेवरी) के सपोर्ट करे के बिरोध करत रहल। पार्टी क्लासिकल उदारवाद के समर्थक रहे आ दासता के बढ़ावा देवे के बिरोधी रहल अउरी ई आर्थिक सुधार सभ के हामी रहल। अब्राहम लिंकन पहिला रिपब्लिकन प्रेसिडेंट बनलें। 1865 में लिंकन के राष्ट्रपति काल में आ कांग्रेस में रिपब्लिकन बहुमत के समय दासता पर पूरा तरीका से रोक लगा दिहल गइल। बाद के बरिस में पार्टी के महत्वपूर्ण अस्थान रहल।
1912 के बाद, पार्टी के सामाजिक बिचारधारा में बदलाव भइल आ ई दक्खिनपंथ के ओर घसक गइल।
21वीं-सदी के रिपब्लिकन पार्टी के बिचारधारा के अमेरिकी कंजरवेटिज्म बाटे जे आर्थिक आ सामाजिक दुनों आधार पर आपन समर्थन-बिरोध तय करे ला। एह बिचारधारा के साथे, ई पार्टी कम टैक्स, फ्री बजार वाला पूँजीवाद, अमेरिका में बाहरी लोगन के प्रवास पर कंट्रोल, सेना पर बेसी खरच, बंदूक रखे कहे अधिकार, गर्भपात पर रोक, लेबर संगठन पर रोक नियर चीजन के समर्थन करे ले।
अबतक ले एह पार्टी के 19 गो प्रेसिडेंट रह चुकल बाड़ें (जेह में वर्तमान राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप शामिल बाड़ें)।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.