From Wikipedia, the free encyclopedia
राष्ट्रीय गीत, राष्ट्रगान, चाहे एंथम कौनों देश की इतिहास आ परमपरा की गौरव के बखान करे वाला आ ओ देश की जनता द्वारा आदर कइल जाए वाल गीत होला। ई राष्ट्र गान से अलग होला काहें की एकरी गावे का अवसर आ तरीका के सरकारी रूप से मान्य निश्चित रूप न होला। जेवना देस में अलग से राष्ट्रीय गीत न होला उहाँ राष्ट्रगाने के राष्ट्रीय गीतो कहि दिहल जाला।
भारत का राष्ट्रीय गीत व राष्ट्रगान "जन गण मन" हवे।
राष्ट्र गान सभ के महत्व यूरोप में 19सदी में बढ़ल, बाकी कुछ के उत्पत्ती बहुते पहिले भ गइल रहे। सभसे पुरान स्वीकार कइल जाए वाला राष्ट्रगान नीदरलैंड के "Wilhelmus" हवे जे डच बिद्रोह के समय 1568 से 1572 बीच कबो लिखल गइल आ एकर वर्तमान धुन सन 1626 में बनावल गइल। ई बहुत पापुलर मार्च-गान (सेना के मार्च के समय गावल जाए वाला) रहल बाकी ऑफिशियल रूप से एकरा के एंथम 1932 में घोषित कइल गइल।
जापान के राष्ट्रीय गान "Kimigayo" के गीतरचना सभसे पुरान हवे, ई हेइयान काल 794–1185 के एगो कबिता से लिहल गइल हवे। हालाँकि एकर संगीत 1880 में बनावल गइल[2]
भारत के राष्ट्र गान "जन गण मन" बंगाली भाषा में लिखल गइल हवे आ रबींद्रनाथ टैगोर के एगो गीत के हिस्सा हव।
फिलिपीन्स के एंथम "Lupang Hinirang" के संगीत 1898 में बिना कौनों बोल (कबिता) के रचल गइल (incidental music) जब फिलीपींस स्पेन से अपना आजादी के घोषणा कइलस। कबिता "Filipinas" अगिला साल लिखल गइल जे एह एंथम के गीत बनल; वर्तमान तागालाग भाषा वाला वर्शन 1962 में के हवे।
"गॉड सेव दि क्वीन", यूनाइटेड किंगडम के राष्ट्रगान आ कुछ कॉमनवेल्थ देस सभ में रॉयल एंथम जे राजा/रानी के मौजूदगी में गावल जाए खातिर हवे, पहिली बेर 1619 में "God Save the King" के नाँव से गावल गइल रहे। ई ऑफिशियल रूप से यूके के राष्ट्रगान ना हवे, बस ई परंपरा आ इस्तेमाल के चलते ई दर्जा हासिल क लिहलस।
स्पेन के राष्ट्रगान, "Marcha Real" (शाही मार्च), 1761 में लिखल गइल, राष्ट्रगान के रूप में अंगीकार कइल जाए वाला सभसे पहिला रहल, 1770 में। डेनमार्क अपने दू गो एंथम सभ में से पुरनका वाला, "Kong Christian stod ved højen mast", के 1780 में अंगीकार कइलस; आ "La Marseillaise", फ्रांस के नेशनल एंथम, 1792 में लिखल गइल आ 1795 में अंगीकार कइल गइल।
"Ee Mungu Nguvu Yetu", कीनिया के राष्ट्रगान, कुछ ओह सभसे पहिला राष्ट्रगान सभ में से एक हवे जेकरा के बिसेस रूप से सरकारी तौर पर रचल गइल रहे। ई गीत कीनियाई एंथम कमीशन द्वारा 1963 में लिखल गइल जवना से कि यूनाइटेड किंगडम से आजादी के बाद देस के राष्ट्रगान बनावल जा सके।[3]
वेल्श के क्षेत्रीय एंथम "Hen Wlad Fy Nhadau" पहिला अइसन एंथम रहल जेकरा के कौनों इंटरनेशनल खेलकूद आयोजन में बजावल गइल। ई राष्ट्रगान पहिली बेर न्यूजीलैंड के खिलाफ रग्बी के एगो खेल के दौरान गावल गइल।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.