From Wikipedia, the free encyclopedia
औराकी/माउंट कुक नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Aoraki/Mount Cook National Park) न्यूजीलैंड के साउथ आइलैंड (दक्खिनी दीप) में मौजूद कस्बा ट्वीजे के लगे स्थित बाटे। औराकी/माउंट कुक, जवन की न्यूजीलैंड के सबसे ऊँच परबत हवे आ माउंट कुक विलेज एही पार्क के अंदर मौजूद बाड़ें। एह इलाका के सरकारी तौर पर अक्टूबर 1953 में राष्ट्रीय पार्क के रूप में अधिसूचित कइल गइल रहे आ एह में कुछ अइसन संरक्षण क्षेत्र (रिजर्व) बाड़ें जिनहन में से कुछ के स्थापना त 1887 में हो गइल रहे ताकि इलाका के महत्व वाली बनस्पति आ लैंडस्केप के बचावल जा सके।[1]
औराकी/माउंट कुक नेशनल पार्क | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
न्यूजीलैंड के नक्शा पर | |
लोकेशन | साउथ आइलैंड, न्यूजीलैंड |
नजदीकी शहर | माउंट कुक विलेज |
रकबा | 707 km2 |
स्थापना | 1953 |
गवर्निग बॉडी | संरक्षण बिभाग |
पार्क के रकबा 700 km2 से कुछ अधिके बाटे। एकरे 40% एरिया पर ग्लेशियर बाड़ें, जिनहन में औराकी/माउंट कुक के ढाल पर मौजूद तस्मान ग्लेशियर सभसे प्रमुख बा।[1]
न्यूजीलैंड में 3,000 मीटर से ढेर ऊँचाई वाली 20 गो चोटी बाड़ी जिनहन में खाली माउंट एस्पायरिंग के छोड़ दिहल जाय त बाकी सगरी एही पार्क के अंदर स्थित बाड़ी। इन्हन में सबसे महत्वपूर्ण माउंट कुक 3753 मीटर ऊँच बाटे। अउरी बाकी सभ में माउंट तस्मान, माउंट हिक्स, माउंट सेफ्टन आ माउंट एली डि बौमन वगैरह बा। दक्खिनी आल्प्स के परबत सभ अपेक्षानुसार नया बाड़ें, इन्हन के उमिर दस मिलियन बरिस से कम बा आ अभिन ले निर्माण हो रहल बाटे। चोटी के ऊचाई बढ़े के गति लगभग 5–10 mm सालाना बाटे। ई अनुमान लगावल गइल बाटे की अबले लगभग 25 किमी के उठान हो चुकल बाटे, हालाँकि, कटाव से ई घटत रहे ला। [2]
पार्क के सीमा en:Westland Tai Poutini National Park से मेन बिभाजक (एगो प्राकृतिक सीमा) द्वारा बने ले आ एक साथ मिल के दुनों पार्क en:Te Wahipounamu South Westland बिस्व धरोहर स्थल के निर्माण करे लें, जवना के एकरे गजब के प्राकृतिक महत्व की खातिर जानल जाला।[1]
एह खंड के अंग्रेजी से भोजपुरी में अनुवाद के जरूरत बाटे। ई खंड (या एकर कुछ हिस्सा) अंग्रेजी में लिखल बा। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.