From Wikipedia, the free encyclopedia
मच्छर (Mosquito) एक किसिम के, छोट साइज के जीव हवे जे जीव बिज्ञान के बर्गीकरण में माछी सभ के बंस (डिप्टेरा) में आवे ला। ई दू पाँख वाला, छोटहन किरौना कई किसिम के बैक्टीरिया सभ के फइलावे आ एह कारन कई किसिम के बेमारी सभ के वाहक जीव के रूप में जानल जाला। आमतौर पर ई दुनियाँ के सगरी इलाका में पावल जालें हालाँकि, नम-गरम इलाका सभसे ढेर मच्छर वाला होखे लें।
मच्छर समय बिस्तार: 226–0Ma Jurassic – Recent | |
---|---|
Female Culiseta longiareolata | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
फाइलम: | Euarthropoda |
क्लास: | Insecta |
ऑर्डर (Order): | Diptera |
परिवार: | Culicoidea |
परिवार: | Culicidae Meigen, 1818 [1] |
Subfamilies | |
| |
बिबिधता | |
41 genera |
मच्छर द्वारा फइले वाली बेमारी सभ में सभसे आम बेमारी मलेरिया बा। एकरे आलावा काला अजार, डेंगू, जापानी एन्सेफेलाइटिस नियर कई गो अउरी घातक बेमारी मच्छर द्वारा फइले लीं।
आमतौर पर मच्छर पानी के आसपास के इलाका में पावल जालें आ गड्ढा, गड़ही, नाबदान वगैरह के पानी में आपन अंडा देलें। अंडा से लार्वा निकले ला आ लार्वा बड़ होखे पर पाँख निकले के बाद मच्छर बन जाला। ई एकलिंगी जंतु हवे, मने कि नर-मादा के रचना अलग अलग किसिम के होले। आदमी आ जानवर सभ के खून चूसे के काम खाली मादा मच्छर करे लीं जब इनहन के प्रजनन काल होला। बाकी समय में नर आ मादा दुनों किसिम के मच्छर पेड़-पौधा सभ के रस चूसे लें।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.