भारतीय अंतरिक्ष बैज्ञानिक From Wikipedia, the free encyclopedia
निगर शाजी एगो भारतीय अंतरिक्ष वैज्ञानिक बाड़ी जे भारत के राष्ट्रीय अंतरिक्ष एजेंसी इसरो में बैज्ञानिक के काम करे ली। शाजी भारत के पहिला सुरुज मिशन आदित्य-एल 1 के प्रोजेक्ट डायरेक्टर बाड़ी।[1][2][3][4]
निगार शाजी | |
---|---|
Born | सेनगोट्टई, तेनकासी, तमिलनाडु |
Education | एमटेक (इलेक्ट्रानिक्स) |
Alma mater | बिड़ला इन्स्टीट्यूट ऑफ़ टेक्नालॉजी, राँची |
Occupation | अंतरिक्ष बैज्ञानिक |
Organizations | सतीश धवन स्पेस सेंटर, यू आर राव सैटेलाइट सेंटर, इसरो (ISRO) |
Known for | प्रोजेक्ट डाइरेक्टर, आदित्य-एल1 |
शाजी के परवरिश तमिलनाडु के तेनकासी जिला के सेंगोट्टाई[5] में भइल।[2] सेंगोटाई सरकारी उच्च माध्यमिक विद्यालय में अंग्रेजी मीडियम से शिक्षा प्राप्त कइली।[5] मदुरै कामराज विश्वविद्यालय में पढ़ाई कइली, जहाँ ऊ इलेक्ट्रॉनिक्स आ कम्युनिकेशन में इंजीनियरिंग के डिग्री हासिल कइली, आ आगे चल के बीआईटी रांची से इलेक्ट्रॉनिक्स में मास्टर्स के डिग्री हासिल कइली।[2]
शाजी 1987 में यूआर राव सैटेलाइट सेंटर के हिस्सा के रूप में इसरो से जुड़ली।[2] ऊ कई गो उपग्रह कार्यक्रम सभ पर काम कइले बाड़ी, आ रिसोर्ससैट-2ए के एसोसिएट प्रोजेक्ट डाइरेक्टर रहली।[2]
शाजी अपना माई आ बेटी के संगे बंगलौर में रहेली।[2] उनकर पति दुबई में काम करेले, आ उनकर बेटा नीदरलैंड में वैज्ञानिक बाड़न।[2]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.