From Wikipedia, the free encyclopedia
नाथबाबा कऽ मंदिर उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला के रसड़ा में एगो नाथ बाबा के मंदिर बा। मंदिर से सटले एगो बहुत सुघर पोखरा बा जवना के "नाथबाबा कऽ पोखरा" कहल जाला। इ नाथ बाबा लखनेसर सामंती रियासत के सेनापति रहलन,
नाथ बाबा मंदिर | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
धर्म/मत | हिंदू धर्म |
देवता | श्री नाथ बाबा |
तिहुआर | लाठी पूजा |
मुयुनिसिपैलिटी | रसड़ा |
District | बलियाँ जिला |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
देस | भारत |
बिसेस लच्छन | |
समारक सभ | 1 |
मठ सभ | 1 |
मंदिर के निर्माण सेंगर बिरादरी के राजपूत लोगन के पूर्वज आ एगो संत श्रीनाथ बाबा के आदर में भइल हवे। [1] बलियाँ जिला के ई इलाका पहिले, मुगल काल में, लखनेसर डीह नाँव के परगना में रहल आ इहाँ सेंगर राजपूत लोगन के बहुतायत रहल।[2] सेंगर बिरादरी के राजपूत लोग खाती आजो ई मंदिर खास हवे।
रसड़ा के लगहीं नागपुर गाँवों में नाथ जी के भव्य मंदिर अउर पोखरा आ पार्क बा। ओइसे नाथ बाबा के मंदिर पाँच जगह पर बा: रसड़ा, नागपुर, नगपुरा, महाराजपुर आ कंसो पटना।
मंदिर के मुख्य पूजा हर तिसरहा साल होखे ला जब नाथ बाबा के एगो बिसेस किसिम के पकवान "रोट" चढ़ावल जाला। एह पूजा के मोका पर लाठी के पूजा होला आ लोग लाठी से लड़ाई के दाँव-पेच के पर्दर्शन करे ला। एह तरीका के पूजा साइदे कहीं अउरी होखत होखे। एही पूजा के दौरान, यूपी में एक ऐसा धाम जहां होती है लाठी पूजा देखें वीडियो|url=https://www.patrika.com/ballia-news/lathi-pooja-in-ballia-1378727/%7Caccessdate=27 सितंबर 2019|work=www.patrika.com|language=hi}}</ref> एकरे अलावा इहाँ हर साल भव्य रामलीला होखेले आ दशहरा क मेला लागेला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.