From Wikipedia, the free encyclopedia
दीपमाला भा दीपसमूह (अंगरेजी:Archipelago, आर्किपेलगो) कई ठो दीप सभ के झुंड के कहल जाला।[1] ई दीप सभ कौनों बिसेस पैटर्न में भी हो सकेलें या बिना पैटर्न के एहर-ओहर छितराइल भी हो सके लें। लंबाई में एगो लाइन नियर पैटर्न बनावे वाला दीप सभ से मिल के बनल दीप समूह के दीप कड़ी या द्वीप शृंखला (island chain) कहल जाला या आर्च (गोलाई लिहले लाइन) के रूप में होखला पर दीप चाप (island arc) वगैरह कहल जाला।
दीपसमूह सभ के उदाहरण में शामिल बाड़ें: इंडोनेशियाई दीपसमूह, अंडमान आ निकोबार दीप, लक्षद्वीप दीप, गैलापागोस दीप, जापानी दीपसमूह, फिलिपींस दीपसमूह, मालदीव, बेलेरिक दीप, बहामास, एजियन दीप, हवाई दीप, द कैनरी दीप, माल्टा, अजोर्स, कनाडा के आर्कटिक दीपसमूह, ब्रिटिश दीप, दीपसमूह सागर के दीप आ शेटलैंड। इनहन के कबो-कबो राजनीतिक सीमा से परिभाषित कइल जाला। उदाहरण खातिर, उत्तर-पूरुब प्रशांत तट पर खाड़ी दीपसमूह एगो बड़हन दीपसमूह के हिस्सा हवे जेह में भौगोलिक रूप से वाशिंगटन राज्य के सैन जुआन दीप सभ के सामिल कइल जाला; जबकि खाड़ी दीपसमूह आ सैन जुआन दीप सभ भौगोलिक रूप से संबंधित बाड़ें, मानव निर्मित भूराजनीतिक सीमा सभ के कारण इनहन के तकनीकी रूप से एकही दीपसमूह में सामिल ना कइल जाला।[2]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.