पृथिवी के वायुमंडल में सभसे निचली परत From Wikipedia, the free encyclopedia
ट्रोपोस्फियर पृथ्वी के वायुमंडल के पहिली आ सभसे निचला परत हवे, आ एह में पृथिवी ग्रह के वायुमंडल के कुल द्रब्यमान के 75%, जलभाप आ एरोसोल सभ के कुल द्रब्यमान के 99% हिस्सा समाइल बा आ ज्यादातर मौसमी घटना एही लेयर में होखे लीं।[1] एकर ऊँचाई भूमध्य रेखा के लगे आ उष्णकटिबंध में औसतन 18 किमी (11 मील; 59,000 फीट); बिचला अक्षांस सभ में औसतन 17 किमी (11 मील; 56,000 फीट); आ हाई अक्षांस में आ ध्रुवन के लगे 6 किमी (3.7 मील; 20,000 फीट) होखे ले; एह तरीका से एकर औसत ऊँचाई 13 किमी (8.1 मील; 43,000 फीट) होखे ले।
ई यूनानी भाषा के ट्रोपोस (घुमरीदार) आ स्फियर (गोला) से मिल के बनल शब्द हवे जेकर मतलब होला कि एह मंडल में हवा में टर्बुलेंस होखे ला; हवा एह परत में घुमरिया के मिक्स होखत रहे ले। हिंदी में एकरा के क्षोभ भा विक्षोभ मंडल कहल जाला चाहे परिवर्तन मंडल[2] कहल जाला।
एकरे ऊपरी सीमा के ट्रोपोपॉज कहल जाला जे एकरा के स्ट्रेटोस्फियर से अलगा करे ले।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.