From Wikipedia, the free encyclopedia
ग्रेटा टिनटिन एलिनोरा अर्नमैन थनबर्ग (अंग्रेजी: Greta Tintin Eleonora Ernman Thunberg)[1][2][नोट 1] FRSGS (जनम 3 जनवरी 2003) जलवायु बदलाव के ले के एगो स्वीडिश पर्यावरणी एक्टिविस्ट बाड़ी जिनके आंदोलन के इंटरनेशनल पहिचान मिल चुकल बा। थनबर्ग पब्लिक में आ राजनीतिक अमला सभ में अपना सीधा-सीधा आ तेज बोले वाली पहिचान खातिर जानल जाली[3][4] जेह में ई जलवायु बदलाव के एगो संकट के रूप में घोषित करे लीं।
थनबर्ग के पहिली बेर पहिचान अगस्त 2018 में, पनरह बरिस के उमिर में मिलल, जब ऊ आपन इस्कूल छोड़ के स्वीडन के संसद के सोझा अकेले हड़ताल-पर्दर्शन करे सुरू कइली। उनुका हाथ में एगो बोर्ड रहल जेह पर स्वीडिश भाषा में "जलवायु खातिर इस्कूल हड़ताल" लिखल रहे आ एकर मकसद बैस्विक ताप बढ़ती पर बेसी जोरदार कारवाई के मांग कइल रहे। जल्दिये अउरी बिद्यार्थी एह आंदोलन से जुड़े लगलें आ फ्राइडे फॉर फ्यूचर (भबिस्य खातिर शुक) के नाँव से इ मोहीम परसिद्ध भइल। 2018 के यूनाइटेड नेशंस जलवायु बदलाव कांफ्रेंस में थनबर्ग के संबोधन के बाद दुनिया में कहीं न कहीं हर शुक के बिद्यार्थी लोग ई हड़ताल मनावे लागल। 2019 में कम से कम दू गो अइसन बेवस्थित हड़ताल के आयोजन दर्ज कइल गइल जेह में लाखन बिद्यार्थी हिस्सा लिहलें।[5][6] अपना घर में थनबर्ग परिवार के लोग के इ समझवली की ब्याक्तिगत स्तर पर जलवायु बदलाव खाती कदम उठावल जा सके ला, एह में आपन कार्बन फुटप्रिंट घटावे खातिर हवाई यात्रा आ मीट खाइल छोड़े नियर कदम रहे।[7]
ग्रेटा थनबर्ग क जनम 3 जनवरी 2003 के स्टॉकहोम, स्वीडन, में भयल रहे।[8][9] उनकर माई मलेना अर्नमैन एगो ओपेरा गायिका बाड़ीं आऊर बाबूजी स्वान्ते थनबर्ग एगो अभिनेता बाड़ैं।[10] उनकर दादा अभिनेता आऊर निर्देशक ओलोफ़ थनबर्ग रहलें।[11][12]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.