गंगा दशहरा एगो हिंदू तिहुआर हवे। हिंदू धर्म में गंगा नदी के देवी आ माता मानल गइल हवे आ अइसन मानल जाला कि एही दिन गंगा स्वर्ग से पृथ्वी पर उतरल रहली जेकरा के गंगावतरण कहल जाला। ई परब हर साल हिंदू कैलेंडर के हिसाब से जेठ महीना के अँजोर में दसिमी तिथी के मनावल जाला।[1] एह दिन लोग ब्रत रहे ला आ नहान-दान करे ला। कुछ जगहन पर ई दस दिन चले वाला परब होला जेह में दसिमी से पहिले वाला नौ दिन सामिल रहे ला। गंगा के तीरे बसल धार्मिक नगर सभ खाती एह दिन के खास महत्व होला आ हरिद्वार में हर की पौड़ी, ऋषिकेश, प्रयाग (इलाहाबाद), बनारसपटना में लोग गंगा नहान आ पूजा करे ला।

Quick Facts गंगा दसहरा, ऑफिशियल नाँव ...
गंगा दसहरा
Thumb
हर की पौड़ी, हरिद्वार में गंगा दसहरा, 2005
ऑफिशियल नाँवगंगा दशहरा
मनावे वालाहिंदू
प्रकारधार्मिक (हिंदू धर्म)
महत्त्वगंगा अवतरण
Observancesगंगा के पूजा आ गंगा में नहान (चाहे कौनों नदी में नहान)
समयजेठ सुदी दसिमी
केतना बेरसालाना
Close

मानल जाला कि एहि दिन गंगा में नहाए से दस गो पाप दूर हो जालें;[2] स्कंदपुराण के हवाला से इहो कहल जाला कि एहि दिन गंगा में अस्नान करे वाला के विष्णुलोक के प्राप्ती होखे ला।[1]

इहो देखल जाय

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.