क्रीमिया
काला सागर के उत्तरी तीरे पर एगो प्रायदीप From Wikipedia, the free encyclopedia
काला सागर के उत्तरी तीरे पर एगो प्रायदीप From Wikipedia, the free encyclopedia
क्रीमिया चाहे क्राइमिया (अंग्रेजी: Crimea /kraɪˈmiːə/ ( सुनल जाय) kry-MEE-ə) पूरबी यूरोप में काला सागर के उत्तरी माथ पर एगो प्रायदीप बा। एहिजा के आबादी 24 लाख बा जेह में ज्यादातर लोग एथनिक रूसी लोग हवे आ साथे साथ मजिगर आबादी यूक्रेनियाई लोगन आ क्रीमियाई तातार लोगन के बाटे। लगभग पूरे प्रायदीप चारों ओर से पानी से घेराइल बा, काला सागर से आ छोट खन अजोव सागर से; ई यूक्रेन के खेरसोन ओब्लास्त के दक्खिन में पड़े ला आ एकरा से पेरेकोप थलजोड़ से जुड़ल हवे, आ रूस के क्रास्नोदार क्राय से पच्छिम में पड़े ला जेकरा से ई कर्च के जलजोड़ द्वारा अलग होला हालांकि, 2018 के बाद से क्रीमियन ब्रिज से जुड़ल बाटे। अराबात स्पिट एह प्रायदीप के उत्तरपूरुब में बा जे एगो पातर पट्टी हवे जवन शिवास नाँव के लैगून सभ के सिस्टम के अजोव सागर से अलगा करे ले। काला सागर के पार एकरे पच्छिम में रोमानिया देस बा आ दक्खिन में तुर्की पड़े ला।
ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Geography | |
---|---|
Location | Eastern Europe |
Coordinates | 45.3°N 34.4°E |
Adjacent bodies of water | Black Sea Sea of Azov |
Area | 27,000 किमी2 (10,000 वर्ग मील) |
Highest elevation | 1,545 m (5069 ft) |
Highest point | Roman-Kosh |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.