संसार के सभसे ऊँच परबत चोटी From Wikipedia, the free encyclopedia
माउंट एवरेस्ट बिस्व के सभसे ऊँच परबत चोटी हऽ। ई हिमालय के महालंगुर हिमाल नाँव के परबत श्रेणी में बाटे। एहिजा से नेपाल आ तिब्बत (चीन) के बाडर गुजरे ला। एकरा के सगरमाथा (नेपाली) आ चोमोलुन्गमा (तिब्बती) नाँव से भी जानल जाला।
एवरेस्ट पर्वत | |
---|---|
सगरमाथा (Sagarmāthā) ཇོ་མོ་གླང་མ (Chomolungma) 珠穆朗玛峰 (Zhūmùlǎngmǎ Fēng) | |
Highest point | |
ऊँचाई | 8,848.86 मी (29,031.7 फीट) [1] प्रथम स्थान रैंकिंग |
टोपो प्रामिनेंस | 8,848.86 मी (29,031.7 फीट) प्रथम स्थान रैंकिंग (Notice special definition for Everest) |
टोपोग्राफिक बिलगाव | 40,008 किलोमीटर (24,860 मील) |
लिस्टिंग | सात शिखर अठहजरिया देश के सर्वोच्च बिन्दू अल्ट्रा |
भूगोल | |
Location | सोलुखुम्बु जिला, नेपाल [2] |
मूल परबत श्रेणी | महालंगुर हिमाल, हिमालय |
चढ़ाई | |
पहिली चढ़ाई | 29 मई 1953 एडमंड हिलेरी आ तेनजिंग नोर्गे (जाड़ा में पहिली चढ़ाई 1980 Leszek Cichy आ Krzysztof Wielicki[3][4]) |
सहज रूट | साउथ कॉल (नेपाल) |
एह परबत चोटी के ऑफिशियल ऊँचाई 8,848.86 मी (29,032 फीट) मानल जाला।[5] ऊँचाई के नापजोख 1955 में भारतीय सर्वेक्षण में भइल जेकरा बाद में चीनी सर्वेक्षण कन्फर्म कइल। कुछ दिन ले नेपाल आ चीन में एकरे ऊपर असहमती रहल कि बर्फ वाली ऊँचाई 8848 मीटर (नेपाली दावा) के मानल जाव कि चट्टानी ऊँचाई 8844 मीटर (चीन के दावा) के मानल जाय। एगो समझौता में चीन नेपाली दावा के मान लिहलस आ नेपालो चट्टानी ऊँचाई के मान के अलग से पहिचान लिहलस।
एकर वर्तमान नाँव, 1865 में लंदन में मौजूद रॉयल ज्याग्रफिकल सोसाइटी द्वारा, ओह समय में भारत के सर्वेयर जनरल एंड्रयू वाघ के सुझाव पर रखल गइल; वाघ अपना से पहिले सर्वेयर जनरल रहल सर जार्ज एवरेस्ट के नाँव पर रखे के सलाह दिहलें हालाँकि, एवरेस्ट खुद एह बात से सहमत ना रहलें।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.