From Wikipedia, the free encyclopedia
हिरामन सुग्गा या बड़का सुग्गा (अंग्रेज़ी:Alexandrine parakeet) सुग्गा परिवार क एगो सुन्दर चिरई हउवे जेवन देसी सुग्गा से आकर में थोड़ी सा बड़ हन होल। एही से इ के हिंदी में राय तोता भी कहल जाला।
नर हिरामन सुग्गा की गर्दन पर एगो लाल या गुलाबी रंग क पट्टी नियर कालर होले जेवन मादा में न पावल जाले। नर की पंखा पर एगो मैरून रंग क चकत्ता नियर निशान भी होला।
इ सुग्गा पूरा भारत में पावल जाला, हिमालय क पहाड़ी हिस्सा छोड़के। पाकिस्तान में इ कराँची शहर की आसपास की इलाका में पावल जाला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.