![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/bf/Windrichtungsgeber.jpg/640px-Windrichtungsgeber.jpg&w=640&q=50)
हवा
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख धरातल के ऊपर बहे वाली हवा (विंड) सभ के बारे मे बा, वायुमंडल में मौजूद गैसन के मिक्सचर (एयर) खातिर, वायुमंडल देखल जाय।
हवा (अंग्रेजी:Air, एयर; Wind, विंड ) पहिला अरथ में हमनी की पृथ्वी के चारो ओर लपटाइल गैसन क मिक्सचर हवे जेवना से पृथ्वी क वायुमंडल बनल बाटे; दूसरा अरथ में ई धरातल के ऊपर बहे वाली हवा, जेवना के हिंदी में पवन आ अंग्रेजी में विंड कहल जाला, ओहू के भी भोजपुरी में हवा की नाँव से जानल जाला। ई लेख हवा के बहे वाला रूप के बारे में बाटे।
![हवा के दिसा नापे वाला यंत्र](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/bf/Windrichtungsgeber.jpg/640px-Windrichtungsgeber.jpg)
पृथिवी भा कौनों अउरी ग्रह के वायुमंडल में हवा (एयर) के प्राकृतिक बहाव भा गति, हवा (विंड) चाहे पवन हवे। एह गति भा बहाव के मुख्य कारन अलग-अलग जगह पर सुरुज द्वारा मिले वाला गर्मी के अलग-अलग मात्रा के चलते अलग-अलग वायुदाब आ पृथिवी के घूर्णन हवे।[1]
पृथ्वी पर बहे वाली हवा के तीन प्रकार में बाँटल जाला - 1. वैश्विक हवा, 2. लोकल हवा, आ 3. ऊपरी वायुमंडल क हवा।