![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f0/Emblem_of_Hamas_Vector_Graphic.svg/langbh-640px-Emblem_of_Hamas_Vector_Graphic.svg.png&w=640&q=50)
हमास
फिलिस्तीन के संगठन / From Wikipedia, the free encyclopedia
हमास (حركة المقاومة الإسلامية हरकत अल-मुक़ावामा अल-इस्लामिया) चाहे इस्लामिक रेजिस्टेंस मूवमेंट, एगो सुन्नी इस्लामिक राजनीतिक आ मलेटरी संगठन हवे जे वर्तमान में फिलिस्तीनी इलाका सभ के गाजा पट्टी पर शासन क रहल बा। एकर मुख्यालय गाजा शहर में बा, बाकी एकर मौजूदगी पच्छिमी किनारवो (दुनो फिलिस्तीनी इलाका सभ में से बड़हन इलाका) में बा, जेकरा के फतह कंट्रोल करे ला। एकरा के व्यापक रूप से फिलिस्तीनी इलाका सभ के भीतर "हावी राजनीतिक ताकत" मानल जाला।
Islamic Resistance Movement حركة المقاومة الإسلامية | |
---|---|
![]() | |
स्पोक्सपर्सन | Fawzi Barhoum |
Chairman | Ismail Haniyeh |
Deputy Chairman | Saleh al-Arouri[1] |
संस्थापक |
|
स्थापित | दिसंबर 10, 1987; 36 साल पहिले (1987-12-10) |
जेकरे बिभाजन से | Muslim Brotherhood |
मुख्यालय | Gaza City, Gaza Strip |
Military wing | Izz ad-Din al-Qassam Brigades |
बिचारधारा | |
धर्म | Sunni Islam |
Political alliance | Alliance of Palestinian Forces |
Most seats in the PLC (ल॰ 2006) | 74 / 132 |
Party flag | |
![]() | |
वेबसाइट | |
hamas.ps |
इजराइल के खिलाफ पहिला इंतिफादा शुरू भइला के कुछ समय बाद 1987 में हमास के स्थापना फिलिस्तीनी इमाम आ कार्यकर्ता अहमद यासीन कइलें। ई उनुका मुजामा अल इस्लामिया से निकलल जवना के स्थापना 1973 में गाजा में मिस्र के मुस्लिम ब्रदरहुड से जुड़ल एगो धार्मिक चैरिटी के रूप में भइल।
7 अक्टूबर 2023 के हमास इजरायल के खिलाफ एगो बड़हन सशस्त्र अभियान शुरू कइलस जेकरा के "ऑपरेशन अल-अकसा फ्लड" कहल गइल। हमला के हिस्सा के रूप में हमास के आतंकवादी गाजा-इजरायल के बैरियर के तूर दिहलें; नागरिकन के नरसंहार कइल, इजरायली सैन्य अड्डा पर हमला कइल आ नागरिक आ सैनिकन के अपहरण कइल एह हमला में सामिल बाटे। एह हमला के बाद इजरायल जुद्ध के घोषणा कइ दिहलस आ पूरा इजरायल आ गाजा पट्टी में भारी लड़ाई शुरू हो गइल।