स्विफ्ट
फाइनांस संबंधी टेलीकम्यूनिकेशन नेटवर्क / From Wikipedia, the free encyclopedia
सोसाइटी फॉर वल्डवाइड इंटरबैंक फिनांशियल टेलिकम्युनिकेशन (Society for Worldwide Interbank Financial Telecommunication), जेकरा संछेप में स्विफ्ट (SWIFT), आ कानूनी रूप से S.W.I.F.T. SCRL के नाँव से जानल जाला, बेल्जियम के एगो कोऑपरेटिव सोसाइटी हवे जे दुनियाभर के बैंक सभ के बीचा में बिचौलिया के काम करे ला। ई सॉफ्टवेयर आ सर्विस भी देला, फ़ाइनान्शियल संस्था सभ के। अइसन बेवस्था खातिर एकर आपन प्रोपरेटरी "SWIFTNet" बाटे। एकरे अलावा की ISO 9362 बिजनेस पहिचानक कोड (BICs) उपलब्ध करावे ला जिनहन के पापुलर भासा में स्विफ्ट कोड ("SWIFT codes") कहल जाला। स्विफ्ट ट्रांसफर के इंटरनेशनल मनी ट्रांसफर भी कहल जाला।
Quick Facts प्रकार, इंडस्ट्री ...
प्रकार | कोआपरेटिव सोसाइटी (Cooperative society)[1] |
---|---|
इंडस्ट्री | टेलीकम्यूनिकेशन |
स्थापित | 3 मई 1973; 50 साल पहिले (1973-05-03) |
मुख्यालय | La Hulpe, बेल्जियम |
प्रोडक्ट | फाईनेंशियल टेलीकम्यूनिकेशन |
कर्मचारी संख्या | >3,000 |
वेबसाइट | www |
Close