समुंद्रतली फइलाव
From Wikipedia, the free encyclopedia
समुंद्रतली फइलाव एगो भूविज्ञानी घटना बाटे, ई समुंद्री कटक के सहारे क्रस्ट के निर्माण होखे आ फइले के कहल जाला। पुरान समय में वेगनर के मान्यता रहल की महादीप एक जगह से दुसरा जगह पंवर के जालें बाकी हैरी हेस[1] के ई बिचार कि मूल घसकाव पुरा क्रस्ट के होला जेह पर महादीप भी ऊपर मौजूद बाड़ें, अ़ब ढेर मान्य बाटे। ई संकल्पना मुख्य रूप से प्लेट टेक्टॉनिक से जुडल बाटे। थियरी के मोताबिक अइसन होखे के कारण, पृथ्वी के मेंटल में मौजूद आधा-पघिलल, एस्थेनोस्फीयर में संवहन धारा चले के बतावल जाला।[2]