समास
संस्कृत आ संबंधी भाषा सभ के एगो चीज / From Wikipedia, the free encyclopedia
संस्कृत के भाषा बिज्ञान में समास दू गो भा अधिका पद (शब्द) सभ के एक साथे जुड़ के एक पद के रूप ले लेवे कहल जाला। संस्कृत में अइसन समास बहुत मिले लें जे कई शब्द से मिल के बने लें आ अंतिम वाला में बिभक्ति के इस्तेमाल होला, पूरा चीज एकही पद के रूप में इस्तेमाल होला। संस्कृत में समास के रूप में मौजूद शब्द कबो-कबो दस से ढेर शब्दन से मिल के बनल भी हो सके लें।