From Wikipedia, the free encyclopedia
सबरीमला मंदिर भारतीय राज्य केरल में मौजूद पेरियार टाइगर रिजर्व में एगो हिंदू मंदिर बा। ई हिंदू धर्म के कुछ सभसे पबित्र मंदिर सभ में से एक मानल जाला। इहाँ तीर्थजतरा करे आवे वाला लोग के सालाना संख्या दुनिया में सबसे ढेर बा आ अनुमान बा कि लगभग 1.7 करोड़ से ले के 3 करोड़ लोग हर साल इहाँ आवे ला। कुछ अनुमान सभ के मोताबिक ई संख्या 5 करोड़ (50 मिलियन) तक भी बतावल जाले।मंदिर के मुख्य देवता भगवान अय्यपन हवें जिनके मान्यता अनुसार शिव आ विष्णु के बेटा बतावल जाला। सबरीमला में शैव, वैष्णव, शाक्त आ अउरी श्रमण परंपरा सभ के मेरवन आ आपसी सामंजस्य देखे के मिले ला।
सबरीमला मंदिर | |
---|---|
भूगोल | |
भूगोलीय स्थिति | 9.4375°N 77.0805°E |
देश | India |
State | केरल |
जिला | Pathanamthitta |
क्षेत्र | Perunad |
ऊँचाई | 480 मी (1,575 फीट) |
भवन शैली | |
शैली | Kerala Temple architecture |
इतिहास आ प्रशासन | |
वेबसाइट | www |
मुख्य मंदिर एगो पहाड़ी के चोटी पर बनल बा आ एकरे चारों ओर अठारह गो पहाड़ी बाड़ी सऽ। इनहनों पर मंदिर बनल बाड़ें आ अउरी बिबिध कथा से जुड़ल मंदिर भी आसपास बाने। मंदिर आम जनता के दर्शन खाती साल में तीन गो अवसर पर खुले ला — मंडलपूजा, मकर संक्रांति आ मेष संक्रांति पर।
परंपरा अनुसार मंदिर में औरतन के परबेस बर्जित हवे, हालाँकि, छोट उमिर के लइकी आ बृद्धा औरत लोग के जाए दिहल जाला। केरल हाईकोर्ट अपना एगो फैसला में एह परंपरा के अइसहीं राखे के निर्णय दिहले रहल जबकि साल 2018 में भारत के सुप्रीम कोर्ट औरतन के मंदिर जाए देवे से मनाही के असंबैधानिक आ बिभेदकारी मानल।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.