वैशाली

From Wikipedia, the free encyclopedia

वैशाली, आज्काल्ह के भारतीय राज्य बिहार में, प्राचीन काल में एगो शहर रहे; अब ई आर्कियोलॉजिकल साइट बाटे जे बसाढ़ नाँव के गाँव के लगे बा। वर्तमान में ई तिरहुत प्रमंडल के वैशाली जिला में बा; जिला के नाँव एही प्राचीन नगरी के नाँव पर रखल गइल हवे।

ई प्राचीन नगरी, बज्जि महाजनपद के लिच्छवि लोग आ अउरी कुछ क्षेत्र सभ के मिला के बनल बज्जि गणराज्य के राजधानी रहल। बज्जि गणराज्य के दुनियाँ के पहिला गणराज्य (रिपब्लिक) सभ में गिनल जाला जे छठईं सदी ईसापूर्व में रहे। गौतम बुद्ध एही वैशाली में आपन अंतिम धर्मोपदेस ल. 483 ईपू. में दिहलें आ एकरे सौ साल बाद 383 ईपू में एही जे राजा कालाशोक के बोलावे पर दुसरही बौद्ध संगीति भइल, जैन लोगन के मत के हिसाब से एही वैशाली नगरी के लगे कुंडग्राम नाँव के जगह पर अंतिम तीर्थंकर महावीर स्वामी के जनम भइल रहे; एह तरीका से ई नगरी बौद्धजैन दुनों धरम के लोगन खातिर महत्व के जगह रहे। आज के समय में एहिजा अशोक के खम्हा सब में सभसे बेहतर स्थिती में सुरक्षित बचल सिंह के मुकुट वाला खम्हा बाटे।

वैशाली के सभसे पुरान स्तूप वाला जगह के रूप में भी जानल जाला, एहिजे एगो स्तूप बा जहाँ बुद्ध के अस्थि रखल मानल जाला।

एह प्राचीन शहर के इतिहासी बिबरन चीनी यात्री फाहियान (4थी सदी) आ ह्वेन सांग (7वीं सदी) के लिखल चीजन में मिले ला जिनहन के इस्तेमाल से 1861 में ब्रिटिश आर्कियोलॉजिस्ट अलेक्जेंडर कनिंघम एह वर्तमान जगह के पहिचान कइलें।

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.