विलियम वर्ड्स्वर्थ
From Wikipedia, the free encyclopedia
विलियम वर्ड्स्वर्थ (अंग्रेजी: William Wordsworth; 7 अप्रैल 1770 – 23 अप्रैल 1850) एक ठो अंगरेज कबी रहलें। इंग्लैंड में आ अंग्रेजी साहित्य में रोमांटिक कबिता के प्रमुख कबी लोग में इनके गिनती होला आ इनहीं के साथै मिल के सैमुअल टेलर कूलरिज, संजुक्त रूप से, लिरिकल बैलड्स (1798) छपववलें आ रोमांटिक जुग के सुरुआत भइल।
Quick Facts विलियम वर्ड्स्वर्थ, जनम ...
विलियम वर्ड्स्वर्थ | |
---|---|
जनम | William Wordsworth (1770-04-07)7 अप्रैल 1770 कॉकरमाउथ, कंबरलैंड, इंग्लैंड |
निधन | 23 अप्रैल 1850(1850-04-23) (उमिर 80) राइडल, कंबरलैंड, इंग्लैंड |
पेशा | कवि |
महतारी संस्था | सेंट जॉन्स कॉलेज, कैंब्रिज |
साहित्यिक आंदोलन | रोमांटिक कबिता |
प्रमुख रचना | लिरिकल बैलड्स, पोएम्स, इन टू वोल्यूम्स, दि एक्सकर्सन, दि प्रील्यूड, आइ वांडर्ड एज अ लोनली क्लाउड |
Close
वर्ड्स्वर्थ के मास्टरपीस रचना दि प्रील्यूड मानल जाले, ई एगो आधा-आत्मकथानुमा कबिता हवे जे इनके सुरुआती जिनगी पर आधारित हवे, जेकरा के ई कई बेर सुधरलें आ बिस्तार दिहलें। ई कबिता इनके निधन के बाद छपल आ नाँव धराइल, एकरे पहिले एकरा के आमतौर प "दि पोएम ऑफ कूलरिज" के नाँव से जानल जाय।[1] साल 1843 से ले के 23 अप्रैल 1850 के प्लूरिसी से निधन होखे तक ले, कूलरिज ब्रिटेन के पोएट लॉरिएट रहलें।[2]