विकिपीडिया:बार्नस्टार
From Wikipedia, the free encyclopedia
बार्नस्टार विकिपीडिया पर योगदान करे वाला प्रयोगकर्ता लोग के दिहल जाए वाला पुरस्कार हवे। ई बिबिध प्रकार के चीन्हा के रूप में होखे लें जे योगदान करे वाला लोग के उनहन लोग के मेहनत के पहिचान के ओकरे तारीफ में दिहल जा सके लें। अगर आपो के लागत बा कि केहू योगदान करे वाला के तारीफ करे लायक बा आ आप ओकरे कठिन परिश्रम के चीन्ह के ओह योगदान करे वाला ब्यक्ति के अपना ओर से पुरस्कार दिहल चाहत बानी, सकुचाईं मत।
केहू के बार्नस्टार दिहल बहुत आसान बा; खाली नीचे दिहल सारणी में से उचित कोड बीछ के आ अपना ओर से ओह में एगो छोटहन सनेसा टाइप क के योगदान करे वाला प्रयोगकर्ता के वार्ता पन्ना पर पोस्ट क दीं।