विकिपीडिया:टेम्पलेट सनेसा/सफाई
From Wikipedia, the free encyclopedia
टेम्पलेट संदेस सभ जोड़ल जा सकत बाड़ें, अगर लेख में सफाई के जरूरत होखे। इन्हन के उद्देश्य ई होला कि संपादन करे वाला लोग के सतर्क कइल जा सके कि कवन तरह के बदलाव करे के जरूरत बा, आ एह तरह से विकिपीडिया के लेख सभ के सुधार सुनिश्चित कइल जा सके। ई सफाई संदेस सभ तात्कालिक उद्देश्य खातिर होलें जवना से कि ई लेख में सुधार के प्रेरित कर सकें, न कि ई परमानेंट झंडा-पताका नियर इस्तेमाल खातिर बाड़ें। इन्हन के इस्तेमाल एह खातिर ना होखे के चाहीं की आप लेख के कौनों बात से ख़ाली भर आपन असहमति देखावल चाहत बानी, या लेख के खिलाफ़ में पाठक के चेतावनी दिहल चाहत बानी।
संछेप में : टेम्पलेट सनेसा के इस्तेमाल लेख आ खंड में समस्या के ओर सदस्य संपादक लोग आ पाठक के धियान खींचे खातिर होला, एकर इस्तेमाल खाली गलती निकाले के उद्देश्य से लगावल जाए वाला झंडा-पताका नियर मत कइल जाय। |
अगर कौनों टैग के साथ बिसेस निर्देश न होखे तब, ई सफाई के टैग सभ लेख में सभसे ऊपर लगावे के चाहीं, हालाँकि हैटनोट एकरे ऊपर रखे के चाहीं। एकरे आलावा इन्हन में कुछ टैग लेख के भीतर खंड (अनुभाग या सेक्शन) में लगावल जा सके लें, आ कुछ लाइन के आगे लगावे खातिर बनल बाड़ें।
- अगर आ लेख में आसानी से आ कान्फिडेंस के साथ सुधार कर सकत बानी तब टैग मत लगाईं
- हमनी के लक्ष्य सुधारल लेख बाटे, टैग लागल लेख नाहीं।
- खाली टैग भर लगावे से बचल जाय
- टैग के साथे-साथे लेख के वार्ता पन्ना पर समस्या के समझावे बतावे खातिर कमेंट भी देईं जवना में सुधार कइसे कइल जाय इहो बतावल होखे, या फिर छोट-मोट समस्या खातिर नीचे बतावल तरीका से "कारण"/"reason" पैरामीटर के प्रयोग करीं; टैग लगावे वाला के चर्चा में शामिल होखे आ एकर कारण समझावे खातिर तइयार रहे के भी चाहीं।
- एक्के नियर कई गो टैग या दुहराव वाला टैग मत लगाईं।
- उदाहरण खातिर अइसन लेख जवन निबंध नियर लिखल बाटे ओकर लहजा (टोन) भी खराब होखी, अइसन समस्या खातिर {{tone}} आ {{essay-like}} दुनों टैग मत जोड़ीं, यह में से कौनों टैग जोड़ल जाय आखिरो में ऊ लेख एक्के श्रेणी में जाई।
- अगर लेख में कई गो समस्या होखे त सभसे गंभीर समस्या खातिर टैग करीं।
- टैग सभ के लंबा लिस्ट से ढेर प्रभावी होखी की कम टैग लागल होखे (इहो देखल जाय: tag bombing आ over-tagging)
- अगर लेख में बहुत काम बाकी होखे तब ट्रिवियल या बहुत छोटी छोटी समस्या खाती टैग मत जोड़ीं।
- उदाहरण खातिर अगर कौनो खण्ड के पूरा हटा के दोबारा लिखे के सम्भावना होखे त ओह में ग्रामर आ इस्पेलिंग के सुधार खातिर टैग लगावे के कौनो मतलब नइखे। सभसे बड़की एगो, दू गो या तीन गो ले समस्या पर धियान फोकस करीं।
नोट: अंगरेजी विकि पर तारीख के जोड़े खातिर bot द्वारा date पैरामीटर जोड़ल जाला, इहाँ आपके खुद |date=मई 2024
के रूप में एकरा के जोड़े के परी।