विकिपीडिया:ऑटोविकिब्राउजर
From Wikipedia, the free encyclopedia
ऑटोविकिब्राउजर (जेवना के अक्सरहा छोट रूप में AWB कहल जाला) विंडोज़ ऍक्सपी आ आगे की वर्ज़न खातिर एगो आधा-ऑटोमेटिक औजार हवे जेवन मीडियाविकी के संपादन सुबिधा हवे। एकरी इतेमाल से अइसन काम जिन्हन के बेर-बेर करे के परे आ जेवन छोट-छोट काम बहुत ढेर गो पन्ना पर करे के होखे, मने कि सिहरा देवे वाला काम होखे, ओके तेजी से करे बिधा आ आसान बनावे खातिर डिजाइन कइल गइल बाटे। (AWB लिनक्स पर वाइन की मदद से ठीक से चलेला जरूर, बाकी एकर लिनक्स (Linux) पर इस्तेमाल के आधिकारिक सपोर्ट नइखे ।) ई एगो ब्राउज़र विंडो नियर बा, जेवन बतावल गइल लिस्ट में से पछिला पन्ना पर संपादन सहेज के अपने आप नया पन्नवन के संपादन खातिर लोड करत चल जाला।
धियान देईं कि रउआं द्वारा ऑटोविकिब्राउजर की प्रयोग से कइल गइल सगरी संपादन खातिर पूरा तौर पर खुद रउआँ खुद ज़िम्मेदार बाड़ीं। किरपा कइ के विकिपीडिया क नीति पहिले समझ लेंईं आ ए औजार क प्रयोग एही नीतिन की हिसाब से करीं । इहो संभव बा कि दुरूपयोग पर आपके औजार की प्रयोग से रोक दिहल जाय, या। |
मुख्यपन्ना
परिचय अउरी नियम |
सीखे खातिर
ऑटोविकीब्राउजर क उपयोग कइसे करीं |
चर्चा
एप्लीकेशन की बारे में चर्चा करीं |
दोष
ऑटोविकीब्राउजर में दोष बा त रिपोर्ट करीं |
नया फीचर अनुरोध
कौनों नया सुबिधा खातिर अनुरोध करीं |
प्रयोगकर्ता कार्यसूची
नया काम जोड़ीं, छूटल काम पूरा करीं |
टेकनीक
टेक्नीकल दस्तावेज | |
बदलाव के लिस्ट • डेवलपर चर्चा • रेगुलर एक्सप्रेशन • टेस्टपन्ना • इस्पेलिंग गड़बड़ी • इस्तेमाल आँकड़ा कुल • सदस्य बक्सा |
मूल लेखक | Bluemoose (रिटायर) |
---|---|
डेवलपर | |
रिपोसिटरी | sourceforge |
भाषा | C# |
ऑपरेटिंग सिस्टम | विंडोज विस्ता आ बाद के वर्शन |
प्लेटफ़ॉर्म | IA-32 |
उपलब्ध बाटे | अंग्रेजी |
प्रकार | विकिपीडिया औजार |
लाइसेंस | GPL v2 |
वेबसाइट | sourceforge |
एह समय, AWB एक ठो या कई ठे श्रेणी कुल से, "इहाँ का जुड़े ला" से, कौनों पन्ना पर मौजूद विकिलिंक से, एगो टेक्स्ट फाइल से, गूगल सर्च की मदद से, कौनों सदस्य की ध्यानसूची से या कौनों सदस्य की योगदान की लिस्ट से पन्ना कुल के लिस्ट बना के उन्हन के एक कि बाद एक संपादन खातिर उठा के ले आ सकत बाटे। AWB कि संघे एगो अइसन प्रोग्राम भी आवेला जेवना की मदद से विकिपीडिया की डेटाबेस डंप के जाँचल जा सकत बाटे।